नया दुल्हीन के कमरा में बॉक्स के भीतरी मिलल रहे प्रेमी, पूछताछ में निकलल अइसन रिश्ता, जान के उड़ल सभकर होश, अब जिद में रचवलें शादी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

उत्‍तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में एगो अइसन मामला सामने आइल बा कि जान के केहू हैरान हो जाई। इहाँ एगो लइकी के बियाह अबहीं डेढ़ महीना पहिले भइल रहे। पति ओकर बाहर कमाए चल

Share

उत्‍तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में एगो अइसन मामला सामने आइल बा कि जान के केहू हैरान हो जाई। इहाँ एगो लइकी के बियाह अबहीं डेढ़ महीना पहिले भइल रहे। पति ओकर बाहर कमाए चल गइल। दू दिन पहिले महिला के कमरा से केहू के आवाज आइल तऽ ससुराल वाला जांच कइले तऽ बॉक्‍स के भीतरी से एगो लड़का निकलल। उऽ ओकर प्रेमी निकलल आ रिशता में चचेरा भाइयो।

पति के छोड़कर युवती अपना चचेरा भाई से शुक के शादी कऽ लेलस। परिवार वालन के सहमति से दुनु जाना गांव के मंदिर में फेरा लेले।

कोठा गांव के रहे वाला युवक के बियाह डेढ़ महीना पहिले खोराबार इलाका में रहे वाली युवती से भइल रहे। बियाह के कुछ दिन बाद युवक चंड़ीगढ़ चल गइल। गुरुवार के रात में युवती के कमरा में केहू के होखे के आहट मिलल तऽ ओकर सास बाहर से दरवाजा बंद कऽ देली।

परिवार वाला कमरा के तलाशी लेले तऽ बाक्स में युवती के चचेरा भाई मिलल। पूछला पs दुनु जाना बतवले कि एक दूसरा से प्यार करेले आ एक साथे रहिहें। परिवार के लोग समझावे के प्रयास कइलस बाकिर ना मनले।

पंचायत में कवनो हल ना निकलला पs शुक के परिवार के लोग गांव के डीह स्थान मंदिर में दुनु के बियाह करा देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.