[the_ad_group id="30365"]

वजन कम कईल मुश्किल नईखे, वेट लॉस खातीर सबसे महत्वपूर्ण 5 कदम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर आदमी के वजन घटावे के सफर व्यक्तिगत होला। चुकी वजन घटावे के सफर शुरू करे के बारे में बहुत जानकारी उपलब्ध बा एहसे इ पता लगावल भारी पड़ सकता कि कहाँ से शुरू कईल जाए। तबो वजन घटावे में आसानी करे के तरीका बा, जईसे कि आप का अउरी कईसे खाएनी आ नींद के नींद निमन बा कि ना, एकरा में बदलाव कईल।वजन कम करे खातिर आपन सफर शुरू करे के तरीका जानल जाव-

सीमित लक्ष्य 

यथार्थवादी आ हासिल करे लायक लक्ष्य तय कईला से आपके वजन घटावे के सफर पे प्रेरित आ ध्यान केंद्रित रहे में मदद मिल सकता। छोट-छोट लक्ष्य से शुरुआत करीं आ धीरे-धीरे बढ़त रही।

एगो योजना बनाईं

अयीसन योजना बनाईं जवना में स्वस्थ खानपान आ व्यायाम के दिनचर्या शामिल होखे, जवना के आप हमेशा पालन क सकेनी। एगो पर्सनलाइज्ड प्लान बनावे खातिर डायटीशियन आ फिटनेस एक्सपर्ट से सलाह लीं। एकरा संगे आप जान सकतानी कि का खाए के बा, केतना खाए के बा आ कईसे खाए के बा।

लक्ष्य पे लगातार बनल रही

वजन घटावे के लक्ष्य के हासिल करे के निरंतरता महत्वपूर्ण ह। असफलता आ चुनौती के सामना करत भी अपना योजना पे अडिग रहीं। कुछ लोग एके बेर में बड़हन लक्ष्य तय करेला, जब पूरा ना होखे त निराश होके लक्ष्य छोड़ के कुछ दिन बाद फेरु से उहे गलती करेला।

अपना के ट्रैक करीं

नियमित रूप से अपना के माप के कमर, कूल्हा आ शरीर के बाकी हिस्सा के नाप के अपना प्रगति के ट्रैक करीं। एक हफ्ता में आपन वजन नापत रहे के चाहीं। काहे कि वजन पे नजर राखल बहुत जरूरी बा।

मोटिवेटिड रही

वजन कम करे खातिर हर समय प्रेरित होखे के जरूरत बा। अयीसन मत करीं कि एक दिन आप बहुत जादे चीज़ के पालन करीं आ अगिला दिन व्यायाम ना करीं आ ना अपना खाना पे नियंत्रण बिल्कुल ना करीं। अयीसन कईला से आपके वजन कम करे के बजाय इ अउरी बढ़ सकता।

 

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]