Lok Sabha Election 2024: पीएम मोदी आ अमित शाह कइले भारी मतदान के अपील, अल्लू अर्जुन कहले ई महत्वपूर्ण दिन हऽ

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2024

Lok Sabha Election 2024 लोकसभा चुनाव के चउथा चरण में 10 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के 96 लोकसभा सीटन पs सोमार यानी 13 अप्रैल के मतदान जारी बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केंद्रीय गृह मंत्री

Share

Lok Sabha Election 2024 लोकसभा चुनाव के चउथा चरण में 10 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के 96 लोकसभा सीटन पs सोमार यानी 13 अप्रैल के मतदान जारी बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह लोगन से भारी संख्या में मतदान करे के अपील कइले। तेलगू अभिनेता अल्लू अर्जुन कहले कि आज के दिन महत्वपूर्ण बा। सब कोई मतदान करे के चाही।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह लोगन से मतदान करे के अपील कइले। पीएम मोदी अपना आधिकारिक एक्स हैंडल पs लिखले कि लोकसभा चुनाव के आज चौथा चरण में 10 राज्यन आ केंद्रशासित प्रदेशन के 96 सीटों पs मतदान हो रहल बा।

हमरा यकीन बा कि एह निर्वाचन क्षेत्रन में लोग बड़ी संख्या में मतदान करिहे। युवा मतदाता आ महिला मतदाता मतदान के शक्ति प्रदान करिहें। आई, हमनी आपन कर्तव्य निमाहल जाव आ अपना लोकतंत्र के मजबूत कइल जाव!

अमित शाह कइले रिकॉर्ड मतदान के अपील

ओने, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह जम्मू-कश्मीर समेत आउर राज्यन के मतदाता लो से रिकॉर्ड संख्या में मतदान केंद्रन पs पहुंचे के आग्रह कइले।

शाह कहले कि लोकसभा चुनाव के चौथा चरण में हम उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, मध्य प्रदेश आ जम्मू-कश्मीर के मतदाता लो से अपील करऽ तानी कि उऽ रिकॉर्ड संख्या में मतदान केंद्रन पर पहुंचस आ एगो अइसन सरकार बनावस जेकर लक्ष्य विरासत के सम्मान होखे, जिवना के प्राथमिकता गरीबन के कल्याण बा, जवना के संकल्प नक्सलवाद के मिटावल बा आ जवना के मिशन भारत के विकसित बनावल बा। हर वोट एही इस्थिर, मजबूत आ निर्णायक सरकार बनावे में एगो मजबूत स्तंभ के रूप में काम करी।

राहुल गांधी के अपील- ‘बड़ संख्या में घरन से निकल के मतदान करीं’

कांग्रेस नेता राहुल गांधी बड़ संख्या में लोगन से मतदान करे के अपील कइले। उऽ कहले कि ‘आज चौथा चरण के मतदान हऽ। हर एगो वोट से खाली राउर लोकतांत्रिक अधिकारन के रक्षा ना होई , बल्कि पूरा परिवार के तकदीर बदल जाई। एहिसे बड़ संख्या में बाहर निकल के वोट डाली।’

अल्लू अर्जुन कहले-  ई दिन महत्वपूर्ण बा

तेलगू अभिनेता अल्लू अर्जुन सब लोगन से मतदान करे के अपील कइले। उऽ कहले कि कृपया आपन वोट डाली। ई देश के सह नागरिकन के जिम्मेदारी बा। आज अगिला पांच बरिसन खातिर महत्वपूर्ण दिन बा।

भारी मतदान होई, काहेकि अधिक से अधिक लोग मतदान करिहें। हम बतावल चाहब कि हम राजनीतिक रूप से कवनो पार्टी से जुड़ल नइखी। हम सब पार्टियन के प्रति तटस्थ बानी। अल्लू अर्जुन हैदराबाद के जुबली हिल्स इस्थित मतदान केंद्र पs आपन वोट कइले।

जूनियर एनटीआर अपना परिवार के साथे वोट कइले। उऽ कहले कि “हर केहू के आपन वोट के अधिकार के इस्तेमाल करे के होई। हमरा बुझाता कि ई एगो नीमन संदेश बा जवना के हमनी के आवे वाली पीढ़ियन के पहुंचावे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.