[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Chunav: बागियन के चलते बिगड़ल ‘भीम’ के खेल, अब पूर्व मंत्री पऽ दांव आजमाई सपा! अखिलेश के सुनवले मन के व्यथा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sultanpur Seat इंडी गठबंधन में सुलतानपुर सीट सपा के खाता में गइल बा। पार्टी के ओर से बीतल दिने जारी तीसरका सूची में भीम निषाद के प्रत्याशी घोषित कइल गइल रहें। ए घोषणा के बाद से जिला के नेता लो में भीतरे भीतरे नाराजगी देखल जात रहें। पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव से वार्ता हो  चुकल बा। अब पूर्व मंत्री रामभुआल निषाद के नाम लगभग तय हो गइल बा।

सुलतानपुर। एक ओर प्रत्याशी के परिचयात्मक बैठक गठबंधन दल के पार्टी कार्यालय होत रहें, दूसरका ओर विरोध में लामबंद सपा के एगो खेमा हाईकमान के दरबार में हाजिर रहें। प्रत्याशी बदले जाए के लेके पूरा जोरो लगा देलस। अब ए खेमा के विश्वासो हो गइल बा कि प्रत्याशी बदल दिहल जाई। शुक ले एकर घोसणो हो सकत बा । हालांकि, ए दावा के पुष्टि नया सूची जारी होखला के बादे हो सकी।

बियफे के कांग्रेस पार्टी कार्यालय में सपा प्रत्याशी के परिचयात्मक बैठक बोलावल गई रहें। एही बीच पता चलल कि नाराज नेता लो के सपा मुखिया अखिलेश यादव लखनऊ बोलवले बाड़े। एहिसे उऽ बइठक में शामिल नइखन। दुपहरिया के बाद ई चर्चा शुरू हो गइल कि सपा के प्रत्याशी बदलल जाई। ए बारे में जानकारी खातिर जिलाध्यक्ष रघुवीर यादव से फोन पऽ बात कइल गइल।

उऽ बतवले  कि उऽ आ पूर्व विधायक अरुण वर्मा, संतोष पांडेय, भगेलू राम लखनऊ में बाड़े। पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव से बातो हो गइल बा। अब पूर्व मंत्री रामभुआल निषाद के नाम लगभग तय हो गइल बा। उऽ गोरखपुर के रहें वाला हउअन। शुक ले घोषणा होखे के उम्मीद बा। जिलाध्यक्ष कांग्रेस के बइठक में शामिल ना होखे के पुष्टि कइले।

बतवले कि 2014 के लोकसभा चुनाव में गोरखपुर सीट पऽ भाजपा के खिलाफ रामभुआल के चुनाव लड़ावल गइल रहें। उहें, पार्टी के लोगन के कहनाम बा कि भाजपा के ओर से मेनका गांधी के दूबारा प्रत्याशी बनाए जाए के कारण बदलाव हो रहल बा। कारण, उनकर कद बड़ बा, भीम निषाद फिट ना बइठिहें। हालांकि, नया सूची जारी होखे के इंतजार बा। उहें, कांग्रेस जिलाध्यक्ष अभिषेक सिंह राणा के कहनाम बा कि सपा जेकरो लड़ाई, गठबंधन धर्म के पालन कर के तन-मन से हर संभव मदद कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]