[the_ad_group id="30365"]

छपरा शहर में सबेरे 10 से दुपहरिया 1 बजे तक कटी लाइट, लोगन से जरूरी काम निपटा लेवे के अपील

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। बिजली विभाग पावर कट कs के मरम्मती के काम करी। जवना के लेके शहरी क्षेत्र के रौजा फीडर में बिजली गुल रही। तेलपा पॉवर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। एसे छपरा शहर के पूर्वी हिस्सा में पावर कट रही।

बिजली विभाग कावर से सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक बिजली बाधित कइल जाये के सूचना दिहल गइल बा। एकरा से पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। दुपहरिया एक बजे बिजली बहाल कs दिहल जाई। एसे पूर्वी हिस्सा के भिखारी चौक, पुलिस लाइन एयरपोर्ट के एरिया आ गाँधी चौक तेलपा के अगरी-कगरी में बिजली बाधित रही।

मेगा ट्रांसफॉर्मर के कइल जाई मरम्मत

पावर कट के बारे में जानकारी देत कनीय अभियंता बतवलें कि बढ़त टेम्परेचर में मेगा ट्रांसफार्मर में ओवर हिट के समस्या पेश आ रहल बा। जवना से पावर पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। बिजली के निर्बाध संचालन खातिर मरम्मती के काम कइल जाये के बा।

एह दौरान पावर काट कs के मरम्मती काम कइल जाये के बा। जवना के लेके तेलपा पीएसएस से संचालित होखे वाला रौजा फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान भइल परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमा प्रार्थी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]