लावा के सस्ता 5G स्मार्टफोन ब्लेज 2 लॉन्च: 6.5 इंच HD+ डिस्प्ले के संगे 50MP के कैमरा, एकर सुरुआती कीमत 9,999 रुपिया 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2023

भारतीय मोबाइल कंपनी लावा आज माने 2 नवंबर के LAVA ब्लेज 2 5G स्मार्टफोन लॉन्च कs देले बिया। फोन में 50M के प्राइमरी कैमरा दिहल गइल बा। ओहिजा, सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर कंपनी 8MP

Share

भारतीय मोबाइल कंपनी लावा आज माने 2 नवंबर के LAVA ब्लेज 2 5G स्मार्टफोन लॉन्च कs देले बिया। फोन में 50M के प्राइमरी कैमरा दिहल गइल बा। ओहिजा, सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर कंपनी 8MP के कैमरा मिली। एह फोन के सुरुआती कीमत 9,999 रुपिया बा। एकर बिक्री 9 सितंबर से सुरू होई।

LAVA ब्लेज 2 5G : स्पेसिफिकेशन

डिस्प्ले : LAVA ब्लेज 2 5G फोन में कंपनी 20:9 आस्पेक्ट रेशियो आ 90Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट वाली 6.5 इंच के HD+ डिस्प्ले दे सकत बिया।

कैमरा : फोटोग्राफी खातिर फोन में 50M के प्राइमरी कैमरा दिहल गइल बा। ओहिजा, सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर  8MP के कैमरा मिली।

बैटरी : पावर बैकअप खातिर एमे 18W के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 5,000 mAh के बैटरी मिल सकत बा।

सॉफ्टवेयर : लावा ब्लेज 2 5G फोन में एंड्रॉयड 13 बेस्ड ऑपरेटिंग सिस्टम मिल सकत बा।

कनेक्टिविटी : कनेक्टिविटी के बात करीं तs कंपनी एमे बेसिक कनेक्टिविटी के संगे 3.5mm हेडफोन जैक आ चार्जिंग खातिर USB टाइप-C पोर्ट मिली।

कलर ऑप्शन : एमे रउआ 3 कलर ऑप्शन ग्लास लैवेंडर, ग्लास ब्लैक आ ग्लास ब्लू मिली।

प्रोसेसर : लावा के ई फोन मीडियाटेक डाइमेंसिटी 6020 ऑक्टाकोर प्रोसेसर के संगे आ सकत बा, जवन 7 नैनोमीटर पs बनल चिपसेट बा।

पिछला साल लॉन्च भइल रहे लावा ब्लेज 5G

एकरा पहिले कंपनी पिछला साल नवंबर में लावा ब्लेज 5G लॉन्च कइले रहे। एह स्मार्टफोन में 5000mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवन 15W के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करत बा। हालांकि, कंपनी स्मार्टफोन के संगे बॉक्स में 12W के चार्जर दे रहल बिया। बायर्स एह स्मार्टफोन के 4GB रैम + 128GB स्टोरेज के सिंगल वैरिएंट में किन सकत बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.