Lalu-Rabri Z Category Security : लालू-राबड़ी के फेर मिली Z श्रेणी के सुरक्षा, सम्राट सरकार समीक्षा के बाद लेलस यू टर्न वाला फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 4, 2026

पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव आ पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के फेर से Z श्रेणी के सुरक्षा मिले जा रहल बा। सूत्रन के मोताबिक, राज्य सरकार सुरक्षा बेवस्था के समीक्षा कइला के

Share

Bihar Security Row

पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव आ पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के फेर से Z श्रेणी के सुरक्षा मिले जा रहल बा। सूत्रन के मोताबिक, राज्य सरकार सुरक्षा बेवस्था के समीक्षा कइला के बाद दुनो नेता के दोबारा Z श्रेणी के सुरक्षा देवे के फैसला कइले बिया।

हालांकि, गृह विभाग के ओर से सुक के देर रात तक एह संबंध में कवनो आधिकारिक अधिसूचना जारी नइखे भइल। राजद नेता लोगन के कहनाम बा कि सुरक्षा बढ़ावे के खबर मीडिया से मिलल बा, बाकिर अभी तक आधिकारिक पत्र नइखे मिलल।

4 जून के सुरक्षा वापस लिहल गइल रहे

गृह विभाग पिछिला महीना 4 जून के लालू प्रसाद आ राबड़ी देवी के Z प्लस सुरक्षा वापस ले लेले रहे। हालांकि, ओह समय हाउस गार्ड आ निजी सुरक्षा खातिर बी-सैप (BSAP) के जवान तैनात कइल गइल रहे।

सरकार बुलेटप्रूफ गाड़ियो उपलब्ध करवलस, बाकिर Z प्लस सुरक्षा हटावल गइला से नाराज लालू परिवार सुरक्षा बेवस्था स्वीकार करे से इनकार कs देले रहे। एह मुद्दा पs राज्य में खूब राजनीतिक बयानबाजी भइल।

निजी आवास में शिफ्ट भइली राबड़ी देवी

हाले में राबड़ी देवी 10 सर्कुलर रोड इस्थित सरकारी आवास छोड़के कौटिल्य नगर में अपना निजी आवास में शिफ्ट हो गइल बाड़ी। सुरक्षा बढ़ावे के सरकार के फैसला के एह बदलाव से जोड़ के देखल जा रहल बा। जानकारी के मुताबिक, Z श्रेणी के सुरक्षा में करीब दू दर्जन सुरक्षाकर्मी तैनात रहेला लोग।

सुरक्षा मुद्दा पs खूब भइल राजनीति

लालू प्रसाद, राबड़ी देवी आ तेज प्रताप यादव के सुरक्षा घटावे के फैसला पs बिहार में खूब सियासत भइल। सुरक्षा कर्मियन के आवास से हटावल गइल तs राजद कार्यकर्ता खुद 10 सर्कुलर रोड आवास के सुरक्षा के जिम्मेदारी संभारल लोग।

कार्यकर्ता शिफ्ट के हिसाब से आवास के बाहर पहरा देत रहे लोग। एह दौरान जब लालू प्रसाद, राबड़ी देवी आ तेजस्वी यादव बाहर निकलल लोग, तs ऊ बिना सरकारी सुरक्षा के गइलें। विपक्ष एह मुद्दा पs सरकार पs लगातार हमला बोलत रहे।

Read Also: Kashi Vishwanath Temple Firing : काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर में चलल गोली, तीन लोग घायल, ज्ञानवापी में ड्यूटी पs रहे पीएसी जवान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.