Kashi Vishwanath Temple Firing : काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर में चलल गोली, तीन लोग घायल, ज्ञानवापी में ड्यूटी पs रहे पीएसी जवान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 4, 2026

वाराणसी। काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर में सनिचर के बिहान गोली चलला से अफरा-तफरी मच गइल। जानकारी के मोताबिक, सबेरे करीब सात बजे पीएसी के जवान सड़क किनारे खड़ा रहे। एही दौरान ओकरा लगे रहल कार्बाइन

Share

Kashi Vishwanath Temple Firing Incident in Varanasi

वाराणसी। काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर में सनिचर के बिहान गोली चलला से अफरा-तफरी मच गइल। जानकारी के मोताबिक, सबेरे करीब सात बजे पीएसी के जवान सड़क किनारे खड़ा रहे। एही दौरान ओकरा लगे रहल कार्बाइन से अचानक गोली चल गइल, जवन सड़क किनारे मवजूद तीन लोगन के लाग गइल।

घटना में सामिल जवान के पहचान अमरनाथ चौहान (48वीं सी वाहिनी) के रूप में भइल बा। ऊ ज्ञानवापी परिसर में ड्यूटी पs तैनात रहलें।

गोली चलला के आवाज सुनतही मंदिर परिसर में भगदड़ जइसन माहौल बन गइल। सुरक्षाकर्मी फौरन सक्रिय हो गइल लोग आ उहां मवजूद श्रद्धालुअन के सुरक्षित जगह पs हटावल गइल। फिलहाल हालात सामान्य बतावल जा रहल बा।

तीनो घायल खतरा से बाहर

घायल लोग माला-फूल के दुकान, जवन कैलाशपति के नाम से बा, उहां कर्मचारी के रूप में काम करेला। घायलन के नाम रामबाबू गौड़ (सकरकंद गली), विकास यादव (डोमरी) आ निखिल गुप्ता (राजघाट) बा।

जानकारी के अनुसार, विकास यादव के हाथ आ कमर में, रामबाबू गौड़ के पेट आ हाथ में, जबकि निखिल गुप्ता के हाथ में गोली लागल बा। तीनो के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां इलाज जारी बा। डॉक्टरन के मोताबिक, तीनो के हालत अब खतरा से बाहर बा।

Read Also: 04 जुलाई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.