[the_ad_group id="30365"]

आजु कोर्ट में पेश होई लालू परिवार, लैंड फॉर जॉब मामिला में होई सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आज एक बेरर फेरुर लालू परिवार के परेशानी बढ़ गईल बा। रेलवे में नौकरी खातिर जमीन के मामिला में चलत कार्रवाई के बीच आजु राबड़ी देवी, मीसा भारती आ हेमा यादव हाजिर होखीहें। एs मामिला के सुनवाई सबेरे दस बजे से दिल्ली के राऊस एवेन्यू कोर्ट में होई, जहां कोर्ट ईडी चार्ज शीट के संज्ञान में समन जारी कईले रहे। पूर्व सीएम राबड़ी देवी पs एs घोटाला में शामिल होखे के आरोप बा। जबकि बेटी मीसा भारती पs मनी लांड्रिंग अवुरी हेमा यादव पs जमीन उपहार में लेवे के आरोप बा।

कोर्ट ईडी चार्जशीट पs बुलवले रहे

बता दीं कि लैंड फॉर जॉब केस के चार्ज शीट में ईडी लालू यादव के संगे राबड़ी पs एs घोटाला में शामिल होखे के आरोप लगवले बाड़े। बतावल जाता कि जमीन बेचे से मिलल पईसा उनुका बेटा तेजस्वी के दिहल गईल, जवना के इस्तेमाल दिल्ली के न्यू फ्रेंड्स कॉलोनी में बंगला खरीदे में भईल रहे। उल्लेखनीय बा कि 27 जनवरी के दिल्ली के एगो अदालत ‘नौकरी खातिर जमीन’ घोटाला से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी, उनुकर बेटी मीसा भारती अवुरी हेमा यादव अवुरी बाकी लोग के बोलवले रहे।

रेलवे में ‘रोजगार के बदले जमीन’ से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में प्रवर्तन निदेशालय के आरोप पत्र के संज्ञान लेला के बाद कोर्ट उनुका के बोलवले बिया। विशेष न्यायाधीश विशाल आरोपी के 9 फरवरी यानी आज अदालत में पेश होखे के निर्देश देत कहले रहले कि एs मामिला में आगे बढ़े खातीर पर्याप्त आधार बा।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]