Bihar News: जदयू कार्यालय में सियासी चहलकदमी तेज, ललन सिंह के संगे कइयन बड़ नेता लो के बइठक, जानीं एकर मायने 

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2022

राज्यसभा चुनाव आ जातिगत जनगणना के लेके अभी बिहार के सियासी गलियारा के तापमान गरमाइल बा। एह बीचे जदयू कार्यालय में जेडीयू के बड़ नेता के जुटान सुक के भइल बा।  मीडिया रिपोर्ट के अनुसार,

Share

राज्यसभा चुनाव आ जातिगत जनगणना के लेके अभी बिहार के सियासी गलियारा के तापमान गरमाइल बा। एह बीचे जदयू कार्यालय में जेडीयू के बड़ नेता के जुटान सुक के भइल बा।  मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह समेत कइयन गो बड़ नेता पार्टी कार्यालय पहुंचल बा लो।

बतावल जा रहल बा कि बंद कमरा में तमाम नेता लो के अहम बइठक चल रहल बा। एह दौरान उपेंद्र कुशवाहा, संजय झा, अशोक चौधरी आ नीरज कुमार समेत आउर नेता लो के मवजूद होखला के बात सामने आ रहल बा।  खबर लिखल जाए तक बइठक जारी रहे के सूचना बा।

बता दीं कि प्रदेश में अभी मुद्दा पs सियासी गहमागहमी तेज बा। एक ओरि जहां राज्यसभा चुनाव में उम्मीदवार के नाव के लेके लगातार सब दलन में मंथन हो रहल बा। ओहिजा अब नाम घोषित होखे के समय नजदीक आ चुकल बा। नामांकन जारी बा।

जदयू के तरफ से राज्यसभा चुनाव में उम्मीदवारी ले लेके अभी केंद्रीय मंत्री आरसीपी सिंह के नाम जोर-शोर से चरचा में बा। अबकी बेर आरसीपी सिंह के नाम लेके अभी ले संशय बरकरार बा। ओहिजा आरसीपी सिंह के मुलाकात बियफे देर सांझ के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भइल। सीएम से मुलाकात के समय पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह मवजूद रहले।

बिहार सरकार एह बेर जातीय जनगणना अपना खरचा पs करावे जा रहल बिया। एकरा लेके सर्वदलीय बैठक के तारीख तय कs लिहल गइल बा।  सब दलन के साथ बइठक कइला के बाद सरकार जातीय जनगणना के लेके आगे के डेग तय करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.