Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kulgam Encounter: कुलगाम में 40 घंटा से जारी मुठभेड़ खत्म, तीन आतंकी ढेर

194

दक्षिण कश्मीर के कुलगाम जिला के रेडवानी इलाका में लगभग 40 घंटा से आतंकियन आ सुरक्षाबलन के बीच जारी मुठभेड़ खत्म हो गइल। सुरक्षाबल तीन आतंकियन के मार गिरवले बा लो। भारतीय सेना के चिनार कोर एक्स पs बतवलें कि कुलगाम के सामान्य क्षेत्र रेडवानी पाइन में 6-7 मई के बीच रात के सुरू भइल एगो संयुक्त अभियान लगभग 40 घंटा के निरंतर निगरानी के बाद समाप्त हो गइल बा। संगही तीन आतंकवादियन के मार गिरावल गइल बा।

रेडवानी इलाका में सोमार से चल रहल मुठभेड़ में सुरक्षाबल बुध के सांझ के एगो आउर आतंकी के मुठभेड़ में मार गिरवले रहे लो। एकरा संगही एह मुठभेड़ में तीन आतंकियन के सुरक्षाबल ढेर कs दिहल। एकरा पहिले मंगर के टीआरएफ के शीर्ष कमांडर बासित अहमद डार आ ओकर साथी फहीम अहमद बाबा मारल गइल रहे।

सूत्रन के मोताबिक, सोमार के रात इलाका में तीन आतंकियन बासित अहमद डार, फहीम अहमद बाबा आ मोमिन के मवजूदगी के सूचना के बाद सुरक्षाबल इलाका में ऑपरेशन सुरू कइले रहे।

पुंछ हमला में सामिल तीन आतंकियन के फोटो सामने आइल

पुंछ में वायुसेना के काफिला पs भइल आतंकी हमला में लश्कर-ए-ताइबा के कमांडर अबू हमजा सहित तीन से जादे आतंकी सामिल रहे लो। सीसीटीवी में कैद तीन दहशतगर्दन के तस्वीर बुध के वायरल हो गइल। एगो प्रत्यक्षदर्शी के कहनाम बा कि सनीचर के भइल हमला में आतंकी 20 मिनट तक अंधाधुंध गोलीबारी करत रहलें सs। पुंछ के डन्ना शाहस्तार में भइल हमला में सामिल तीन आतंकियन के फोटो सामने आइल बा। एमे लश्कर के पाकिस्तानी कमांडर अबू हमजा, पाकिस्तानी सेना के पूर्व कमांडो इलियास फौजी आ पाकिस्तानी दहशतगर्द हदून नजर आ रहल बा। पूर्व कमांडो कइयन बरिसन तक पाकिस्तानी सेना, आईएसआई आ आतंकी संगठनन के साझा बैट टीम बार्डर एक्शन टीम में काम कs चुकल बा।

सुरक्षाबलन के आशंका बा कि इहे आतंकी राजोरियो में अपना नापाक इरादन के पूरा करे खातिर घटनन के अंजाम देवे में सामिल बा। एकर फोटो सामने अइला से एक बेर फेर जम्मू -कश्मीर में आतंकवाद के बढ़ावे में पाकिस्तान के सामिल होखे के प्रमाण मिलल बा। एह तस्वीरन के आधार पs सुरक्षाबल जल्दिये एह आतंकियन के ओकरा अंजाम तक पहुंचावे के संभावना बढ़ गइल बा। एकरा पहिले पुंछ आ राजोरी में होखे वाला आतंकी हमलन में सामिल कवनो आतंकी के पहचान ना हो सकल रहे।

वायुसेना के काफिला पs हमला के एगो प्रत्यक्षदर्शी असगर बतवलें, हमला के दौरान करीब 20 मिनट तक गोलीबारी होत रहल। गोलियन के आवाज सुनके हमार लईका रोवे लगलें सs। हमनी के डेरा गइल रहनी सs। ऊ कहलें कि हम स्पष्ट रूप से ई नइखी कह सकत कि उहां केतना आतंकी रहे लो। काहेकि हम ओकनी के घना जंगलन के कारण ना देख सकनी सs। एह इलाका में एह तरे के ई पहिला मुठभेड़ रहे। हम के हर दिन अब अपना लईका के सुरक्षा के लेके भयभीत रहेनी सs। हमला के बाद से एह दूरदराज के इलाकन में रोज के जरूरी आपूर्ति वाला वाहन आइल बंद कs देले बाड़ी सs।

साभार: अमर उजाला

819470cookie-checkKulgam Encounter: कुलगाम में 40 घंटा से जारी मुठभेड़ खत्म, तीन आतंकी ढेर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.