[the_ad_group id="30365"]

Kolkata Case: सुप्रीम कोर्ट में पेश रिपोर्ट में सीबीआई के दावा बा कि, ‘कोलकाता मामला पs पर्दा डाले के कोशिश भइल’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुप्रीम कोर्ट ने बीती 20 अगस्त को स्वतः संज्ञान लेके आरजी कर कॉलेज के घटना के सुनवाई कइले रहे। एही सुनवाई के दौरान कोर्ट सीबीआई आ बंगाल सरकार के ए घटना के जांच के स्टेटस रिपोर्ट कोर्ट में पेश करे के निर्देश देले रहे।

कोलकाता के आरजी कर मेडिकल कॉलेज में महिला डॉक्टर के बलात्कार आ हत्या के मामिला में स्टेटस रिपोर्ट सुप्रीम कोर्ट में पेश कइल गइल। रिपोर्ट में सीबीआई कहलस कि कोलकाता के आरजी कर मेडिकल कॉलेज के मामला में अपराध स्थल के संगे छेड़छाड़ भइल बा। एह पूरा मामिला के पर्दा डाले के कोशिश कइल गइल । अंतिम संस्कार के बाद प्राथमिकी दर्ज करावे पs भी सीबीआई सवाल उठवलस। 20 अगस्त के सुप्रीम कोर्ट संज्ञान लेके आरजी कर कॉलेज के घटना के सुनवाई कइले रहे। एही सुनवाई के दौरान कोर्ट सीबीआई आ बंगाल सरकार के ए घटना के जांच के स्टेटस रिपोर्ट कोर्ट में पेश करे के निर्देश देले रहे।

बंगाल सरकार के कानूनी टीम में शामिल 21 वकील

सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई के दौरान मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड अपराध स्थल के सुरक्षित करे में देरी से नाराजगी जतवले। मुख्य न्यायाधीश सुनवाई के दौरान बतवले कि अप्राकृतिक मौत के मामला में सूचना सबेरे 10.10 बजे दिहल गइल, जबकि अपराध स्थल के सुरक्षा सुबह 11.45 बजे कइल गइल। ई बहुते परेशान करे वाला तथ्य बा । मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक आरजी कर मेडिकल कॉलेज के मामला में सुप्रीम कोर्ट में बंगाल सरकार के प्रतिनिधित्व करेवाला कानूनी टीम में 21 वकील शामिल बाड़े। केंद्र सरकार के कानूनी टीम में 5 वकील शामिल बाड़े।

सुप्रीम कोर्ट बंगाल पुलिस पs सवाल उठवले रहे

सुप्रीम कोर्ट आरजी कर मेडिकल कॉलेज के प्राचार्य रहल संदीप घोष के कामकाज के शैली पs भी सवाल उठवलस आ पूछलस कि कई घंटा बीत गइला के बाद भी प्रधानाध्यापक प्राथमिकी काहें ना दर्ज करवले। सुप्रीम कोर्ट एह बात पर भी नाराजगी जतवलस कि मरेवाला के परिवार के लोग के लाश देखे खातिर कई घंटा इंतजार करे के पड़ल। आरजी काल्ह मेडिकल कॉलेज में एगो महिला डाक्टर के बलात्कार के बाद बेरहमी से हत्या कर दिहल गइल । देश भर के डॉक्टर आ मेडिकल के छात्र एकरा लेके विरोध प्रदर्शन करत बाड़े। इंडियन मेडिकल एसोसिएशन आ रेजिडेंट डाक्टर्स के संगठन फोर्डा भी एह घटना के विरोध करत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]