KK Pathak : शिक्षा विभाग के एगो आउर ऐतिहासिक फैसला, पोशाक के लेके मिलल बड़ आदेश; स्कूलन में अब से बदल जाई नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2024

KK Pathak शिक्षा विभाग सरकारी स्कूलन में नियम बदल देले बा। अब एगो खास काम खातिर बच्चन के पइसा ना मिली । बता दी कि पहिले स्कूलन में एक से 12वीं तक के बच्चन के

Share

KK Pathak शिक्षा विभाग सरकारी स्कूलन में नियम बदल देले बा। अब एगो खास काम खातिर बच्चन के पइसा ना मिली । बता दी कि पहिले स्कूलन में एक से 12वीं तक के बच्चन के स्कूल ड्रेस खातिर खाता में पइसा मिलत रहे बकिर अब अइसन ना होई। अब स्कूली बच्चन के सीधा सिलल-सिलावल पोशाक दिहल जाई।

KK Pathak अब सरकारी विद्यालयन (Government School) के एक से 12वीं तक के छात्र-छात्रा लो के पोशाक खातिर उनका अभिभावक लो के खाता में रूपिया ना मिलो, उनका लोग के सिलल – सिलावल पोशाक दिहल जाई। सत्र 2024-25 के खातिर शिक्षा विभाग के ओर से एकरा खातिर निविदा प्रक्रिया आरंभ कर दीहल गइल बा।

विभाग की ओर से जेम्स पोर्टल पर सबमिशन व टेक्निकल बिड की प्रक्रिया पूरी कर ली गई है। शीघ्र ही विभाग की ओर से वित्तीय बिड खोलकर एजेंसी तय की जाएगी। इसके बाद ही मानक के अनुसार पोशाक उपलब्ध कराने को एंजेंसियों को जिम्मेदारी दी जाएगी।

अभिभावक लो कवनो आउर काम में खरच करत रहे पइसा

विभाग के ओर से पहिला कक्षा एक से 12वीं के विद्यार्थियन के 600 से 1500 रूपिया हर साल दिहल जात रहे। शिक्षा विभाग के समीक्षा में पावल गइल कि पोशाक खातिर दिहल गइल राशि अभिभावक लो कवनो आउर काम में खरच करत रहें।

हालहीं में शिक्षा विभाग (Bihar Education Department) के ओर से राज्य के सब जिला शिक्षा पदाधिकारियन (डीईओ) के साथे ऑनलाइन बैठक कइल गइल। जवना में पदाधिकारी लो के विद्यार्थियन के पोशाक मिलल सुनिश्चित करे के निर्देश दिहल गइल। पोशाक वितरण खातिर केंद्रीयकृत व्यवस्था तइयार करे के जिम्मेदारी अधिकारियन के दिहल गइल बा।

जाड़ में मिली स्वेटर आ टोपी

शिक्षा विभाग जाड़ के मौसम में विद्यालय के पोशाक के साथे स्वेटर आ गर्म टोपीयो उपलब्ध कराई। एकरा साथे दू जोड़ी मोजा आ एक जोड़ी जूतो दिहल जाई।

सरकार ने विद्यालय में पढ़ रहल लगभग एक करोड़ 61 लाख विद्यार्थियन के ई सामग्री उपलब्ध करावे के लक्ष्य रखले बिया। अलग-अलग कक्षा के विद्यार्थियन खातिर उनका माप के अनुसार पोशाक मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.