BREAKING : यूपी में किसान एक्सप्रेस दु हिस्सन में बंटल: बिजनौर में चलत ट्रेन में हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 25, 2024

बिजनौर में चलत ट्रेन दु हिस्सन में बंट गइल। आठ गो बोगी ट्रेन से अलग हो गइल। किसान एक्सप्रेस झारखंड के धनबाद से पंजाब के फिरोजपुर जात रहे। हादसा मुरादाबाद के आगे स्योहारा आ धामपुर

Share

बिजनौर में चलत ट्रेन दु हिस्सन में बंट गइल। आठ गो बोगी ट्रेन से अलग हो गइल। किसान एक्सप्रेस झारखंड के धनबाद से पंजाब के फिरोजपुर जात रहे। हादसा मुरादाबाद के आगे स्योहारा आ धामपुर स्टेशन के बीच अतवार के सबेरे चार बजे भइल। गनीमत रहल कि कवनो यात्री चोटिल ना भइल।

चकरामल गांव के लगे ट्रेन के AC बोगी के कपलिंग टूट गइल। एकरा चलते इंजन 13 डिब्बन के लेके चार किलोमीटर आगे निकल गइली। आठ डिब्बा पीछे छूट गइल। ड्राइवर के गार्ड से संपर्क ना हो सकल, तs हादसा के पता चलल। अफसरन के सूचना दिहल गइल। रेलवे टीम मवका पs पहुंच गइल बिया आ हादसा के जांच में जुटल बिया।

SP पूर्वी धर्म सिंह मर्छाल के कहनाम बा कि टेक्निकल फॉल्ट के चलते ट्रेन दु भाग में बंट गइल। बोगी में अधिकतर पुलिस भर्ती परीक्षा के अभ्यर्थी सवार रहे लो। ओह लोगन के आउर वाहनन से भेजल गइल। ट्रेन के जल्दिये जोड़के रवाना कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.