नई दिल्ली। ऐतिहासिक रामलीला मैदान में अतवार के दिने विपक्षी ‘इंडी’ गठबंधन के ओर से आयोजित रैली के लेके बीजेपी आ कांग्रेस के बीच जुबानी जंग तेज हो गइल बा। केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू कांग्रेस पर तीखा हमला बोलत आरोप लगवले कि विपक्षी दल रैली में भारी भीड़ देखावे खातिर एआई से बनल फर्जी तस्वीरन के सहारा लिहले बा।
केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पर तेलंगाना से कांग्रेस सांसद वामसी गड्डम आ अउरी नेतन के ओर से साझा कइल गइल एगो तस्वीर पोस्ट कइके तंज कसले। रिजिजू लिखले कि रामलीला मैदान के खचाखच भरल देखावे खातिर कांग्रेस पार्टी के फेक नैरेटिव टीम एआई से बनल नकली फोटो भी ठीक से ना बना पवलस।
एह तस्वीर के कांग्रेस के कई समर्थकन के संगे-संगे पूर्व सांसद आ कांग्रेस कार्यसमिति के सदस्य जगदीश ठाकोर भी अपना सोशल मीडिया हैंडल पर पोस्ट कइले रहलें। सोशल मीडिया यूजर्स भी एह तस्वीर के तुरंत पकड़ लिहलें आ दावा कइलें कि मंच पर देखाई दे रहल राहुल गांधी आ सोनिया गांधी के चेहरा आ असली रैली के मंच के तस्वीर से बिल्कुल अलग बा।
बीजेपी रैली के बतवलस फ्लॉप शो
बीजेपी अतवार के एह रैली के पूरा तरीका से फ्लॉप शो बतवलस। सत्ताधारी दल के नेतन सोशल मीडिया पर खाली कुर्सियन के तस्वीर आ वीडियो पोस्ट क के दावा कइलें कि मैदान के कम से कम 40 फीसदी हिस्सा खाली पड़ल रहे।
बीजेपी प्रवक्ता आ सांसद संबित पात्रा कहलें कि रैली से पहिले कांग्रेस 10 लाख लोग जुटे के दावा कइले रहे, बाकिर हकीकत में 40 फीसदी मैदान खाली रहल। ऊ राहुल गांधी पर निशाना साधत कहलें कि रैली में देखावल गइल भीड़ खाली ट्रिक फोटोग्राफी के नतीजा ह। अइसन चालबाजी से केहू प्रधानमंत्री ना बन सकेला।
ओहिजा, कांग्रेस बीजेपी के आरोपन के खारिज करे खातिर आयोजन स्थल के ड्रोन फुटेज आ तस्वीर जारी कइलस। पार्टी दावा कइलस कि विरोध प्रदर्शन में लाखों लोग शामिल भइल रहलें।
2024 के चुनाव प राहुल गांधी के तीखा बयान
रैली के संबोधित करत लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी केंद्र सरकार आ चुनाव आयोग पर सीधा हमला बोललें। ऊ आरोप लगवलें कि मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के ओर से वोट चोरी कइला के चलते 2024 के चुनाव अवैध रहे।
राहुल गांधी कहलें कि ई कवनो सामान्य चोरी ना, बलुक देश के हर नागरिक के आवाज के चोरी ह, जवना के देशद्रोह कहल जाला। ऊ आरोप लगावत कहलें कि अगर ज्ञानेश कुमार ना रहितें, त ना नरेंद्र मोदी प्रधानमंत्री बनितें आ ना ही अमित शाह गृह मंत्री। ऊ इहो दावा कइलें कि मुख्य चुनाव आयुक्त के अपना भूमिका खातिर जेल जाए के पड़ सकेला।

कानूनी चुनौती देवे के बात प बीजेपी के पलटवार
राहुल गांधी के बयान पर पलटवार करत संबित पात्रा कहलें कि अगर चुनाव के अवैध साबित करे के बा, त एकरा खातिर रामलीला मैदान में भाषण देवे के बजाय कानूनी रास्ता अपनावल जाए के चाहीं।
पात्रा सवाल उठवलें कि विपक्ष के चुनाव खतम होखते अदालत के रुख करे के चाहत रहे। कांग्रेस बतावे कि 2024 के चुनाव के अवैध घोषित करे खातिर अब तक ऊ कवन याचिका दायर कइले बिया।
मुख्य चुनाव आयुक्त के खिलाफ विपक्ष के मुहिम
अतवार के आयोजित ई रैली मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के इस्तीफा के मांग के लेके विपक्ष के बड़ आंदोलन के हिस्सा रहे। मीडिया रिपोर्ट में मतदाता सूची के एसआईआर आ चुनाव आयोग के कामकाज पर सवाल उठावल गइल, जवना के बाद विपक्ष मोर्चा खोलले बा।
एह रैली से एक दिन पहिले, शनिचर के साँझ कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के आवास पर विपक्षी गठबंधन के नेतन ज्ञानेश कुमार के प्रतीकात्मक महाभियोग यानी इम्पीचमेंट भी आयोजित कइले रहलें।
हालांकि, चुनाव आयोग आ बीजेपी दुनो विपक्ष के एह सगरी आरोपन के सिरे से खारिज करत कहलें कि संवैधानिक संस्थन के खिलाफ जानबूझ के झूठा नैरेटिव बनावल जा रहल बा।
READ MORE:»2 नवंबर के इतिहास: जानल जाव आज के दिन के महत्वपूर्ण ऐतिहासिक घटना, मशहूर हस्तियन के जन्म आ निधन
https://khabarbhojpuri.com/2-november-today-in-history-historical-events-famous-birthdays/







No comments yet. Be the first to comment!