Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा में मूसलाधार बरखा में तालाब बनल सड़क: खनुआ नाला निर्माण अउर सीवेज लाइन के काम ठप, जलजमाव से बढल परेसानी

326

 

छपरा में सात दिन से मानसून सक्रिय बा। रुक रुक के बरखा हो रहल बा, बाकिर मंगर के देर रात तेज बरखा नगर निगम के पोल खोल देलस। तेज बरखा में सड़कन पs जलजमाव के इस्थिति उत्पन्न हो गइल। शहर के मुख्य सड़क डाक बंगला रोड, सब्जी मंडी, दरोगा राय चौक, भगवान बाजार चौक, गुदरी टक्कर मोड़ अउर गांधी चौक पs जादे मात्रा में पानी जमा हो गइल बा।

संगही अउर सड़कन पs जलजमाव के इस्थिति बा, जइसन आम लोग के परेसानी के सामना करेके पड़ रहल बा। मानसून के पहिले नाला के सफाई ना होखल जलजमाव के मुख्य कारण बतावल जा रहल बा।

छपरा नगर निगम में एक जुलाई के विशेष बैठक के दौरान नाला के सफाई के मुद्दा जोर शोर से उठल बा। एह में सब वार्ड पार्षद लोग एक सुर में नाला सफाई के तरीकाय पs आपत्ति दर्ज करावल। नगर आयुक्त द्वारा विशेष टीम बनाके जल्दी से जल्दी सब नालन के साफ करे के आदेस दिहल गइल बा, बाकिर ओकर कवनो ठोस परिणाम सामने नइखे आइल।

खनुआ नाला के साफ ना होखे आ बुडको के अवस्थित निर्माण समस्या के मुख्य कारण मानल जा रहल बा। शहर के प्रमुख खनुआ नाला के बीतल चार साल से निर्माण काम चलत बा, बाकिर अभी तक काम पूरा नइखे भइल। एह के चलते शहर के जल के निकासी नइखे हो पा रहल।

संगही शहर के आउर सब नाला खनुआ नाला में जाके मिली। जवना के चलते उहां से जल निकासी नइखे हो पा रहल आ जलजमाव लागल बा। साथ में नमामि गंगे योजना के तहत समूचा शहर में सीवेज पाइप बिछावल जा रहल बा।

अनियमित तरीका से मुख्य सड़कन के खुदाई हो रहल बा, जवना से ट्रैफिक के साथे सड़क पs खुदाई के चलते जलजमाव हो जा रहल बा। संगही निर्माण के बाद सही तरीका से सड़कन के गड्ढन के नइखे भरल जा रहल बा जवन एगो प्रमुख समस्या बा।

587600cookie-checkछपरा में मूसलाधार बरखा में तालाब बनल सड़क: खनुआ नाला निर्माण अउर सीवेज लाइन के काम ठप, जलजमाव से बढल परेसानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.