earthquake: 24 घंटा में भूकंप से 11 बार हिलल कश्मीर के धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2023

  जम्मू कश्मीर में एक बार फेरु धरती काँप रहल बा। इहाँ पछिला 24 घंटा में 11 बेर भूकंप के चलते धरती हिलल बा। लगातार आवे वाला भूकंप के चलते हिमालय क्षेत्र में कवनो बड़

Share

 

जम्मू कश्मीर में एक बार फेरु धरती काँप रहल बा। इहाँ पछिला 24 घंटा में 11 बेर भूकंप के चलते धरती हिलल बा। लगातार आवे वाला भूकंप के चलते हिमालय क्षेत्र में कवनो बड़ भूकंप आवे के आशंका बा। मंगल के सबेरे 10.31 बजे एक बेर फेरु कश्मीर घाटी में भूकंप आईल। भूकंप के चलते कारगिल अवुरी लद्दाख के धरती कांप गईल। भूकंप जमीन से 10 किलोमीटर गहराई में आईल बा। सोमार के दुपहरिया से हिमालयन इलाकन में भूकंप आवत बा।

पिछला कुछ साल से शुरू भइल भूकंप के सिलसिला खतम होखे के कवनो संकेत नइखे लउकत। आजुकाल्हु भारत आ दुनिया के अलग अलग इलाका में भूकंप के कुछ खबर आवत रहेला। अब सोमार के दुपहरिया में केंद्र शासित प्रदेश जम्मू कश्मीर आ लद्दाख में कुल 4 गो तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। एह भूकंप के चलते स्थानीय लोग में दहशत के माहौल पैदा हो गईल बा। हमनी के बता दीं कि एह इलाका सभ में भारी संख्या में पहाड़ी बाड़ी सऽ, जेकरा चलते भूकंप से बड़हन तबाही हो सकेला।

भूकंप अतना तीव्रता के रहे

नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक लद्दाख अवुरी जम्मू-कश्मीर में आईल ए भूकंप के तीव्रता के रिक्टर पैमाना पs 5.5 नापल गईल बा। एकरा संगे अवुरी बहुत रिपोर्ट के मुताबिक इ भूकंप 5.7 तीव्रता के रहे। बता दीं कि एह स्तर के भूकंप के खतरनाक मानल जाला। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक भूकंप सोमार के दुपहरिया 3.48 बजे आईल बा। एह भूकंप के केन्द्र लद्दाख के कारगिल में धरती के भीतर दस किलोमीटर दूर रहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.