Kartik Purnima 2025 Daan : कार्तिक पूर्णिमा के दिन करीं एह खास चीजन के दान, अन्न-धन से भर जाई भंडार

By Shweta Supriya

Published on: Nov 3, 2025

न्यूज डेस्क। सनातन धर्म में कार्तिक महीना के पूर्णिमा तिथि देवन के देव महादेव के समर्पित होला। एह सुभ अवसर पs भगवान शिव संगे विष्णु जी के पूजा कइल जाला। एह साल बुध के 05

Share

Kartik Purnima 2025 – devotees performing holy bath and donating food, clothes, and money on the auspicious day.

न्यूज डेस्क। सनातन धर्म में कार्तिक महीना के पूर्णिमा तिथि देवन के देव महादेव के समर्पित होला। एह सुभ अवसर पs भगवान शिव संगे विष्णु जी के पूजा कइल जाला। एह साल बुध के 05 नवंबर के कार्तिक पूर्णिमा हs।

कार्तिक पूर्णिमा के दिन बड़ संख्या में श्रद्धालु गंगा सहित पवित्र नदियन में स्नान-ध्यान कs के भोलेनाथ कs के पूजा करेला लोग। एकरा बाद अपना आर्थिक आ श्रद्धा अनुसार अन्न, धन आ वस्त्र के दान करेला। जदि रउआ कार्तिक पूर्णिमा के दिन लक्ष्मी नारायण जी के कृपा के भागी बनल चाहत बानीं, तs पूजा के बाद एह चीजन के दान करीं।

राशि अनुसार दान (Dev Diwali Daan)

  • मेष राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन पूजा के बाद जरूरतमंदन के मध्य लाल रंग के कपडा के दान करे लोग।
  • वृषभ राशि के जातक देव दीपावली के दिन पूजा के बाद गरीबन के मध्य चावल आ आटा के दान करीं।
  • मिथुन राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन पूजा के बाद मंदिर में हरियर सब्जी के दान करीं।
  • कर्क राशि के जातक देव दीपावली के दिने पूजा के बाद दूध आ दही के दान करीं।
  • सिंह राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन गुड़ आ मूंगफली के दान करीं।
  • कन्या राशि के जातक देव दीपावली के दिन पूजा के बाद जरूरतमंद महिला के मध्य हरियर साड़ी के दान करीं।
  • तुला राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन गरीबन के सफेद रंग के वस्त्र के दान करीं।
  • वृश्चिक राशि के जातक देव दीपावली के दिन गरीबन के मध्य गेहूं आ चावल के दान करीं।
  • धनु राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन पूजा के बाद पियर रंग के वस्त्र के दान करीं।
  • मकर राशि के जातक देव दीपावली के दिन पूजा के बाद जरूरतमंदोन के मध्य कंबल आ जूता-चप्पल के दान करीं।
  • कुंभ राशि के जातक कार्तिक पूर्णिमा के दिन करिया रंग के वस्त्र आ करिया तिल के दान करीं।
  • मीन राशि के जातक देव दीपावली के दिन मकई, पका पपीता आ केला के दान करीं।

नोट: एह लेख में बतावल गइल उपाय/लाभ/सलाह आ कथन खाली सामान्य सूचना खातिर बा। खबर भाेजपुरी इहां एह लेख फीचर में लिखल गइल बातन के समर्थन ना करेला।

Read Also: Jaipur Road Accident : जयपुर में डंपर 17 गाड़ियन के मरलस टक्कर, 12 लोगन के मौत, 18 घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.