[the_ad_group id="30365"]

Junior Women’s Hockey World Cup : भारत दर्ज कइलस सानदार जीत, प्लेऑफ में वेल्स के 3-1 से हरवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। India Junior Hockey Women’s Team: भारतीय जूनियर महिला हॉकी टीम एफआईएच जूनियर महिला हॉकी विश्व कप में बेहतरीन प्रदर्शन करत वेल्स के 3-1 से मात देलस। ई मुकाबला 9-16 क्वालिफिकेशन मैच के रूप में खेलल गइल। भारत के ओर से हीना बानो (14वां मिनट), सुनलिता टोप्पो (24वां मिनट) आ इशिका (31मिनट) गोल कइल लोग, जबकि वेल्स खातिर एलोइस मोएट (52वां मिनट) एकमात्र गोल कइलें।

Junior Women’s Hockey World Cup 2025 में भारत के जीत

भारत मैच के सुरुआते से अटैक कs के दबाव बनवलस आ पहिलका 30 सेकेंड में पेनल्टी कॉर्नर हासिल कइलस। हालांकि, सुरुआती बढ़त ना मिल सकल। वेल्स के पेनल्टी स्ट्रोक से गोल करे के मौका मिलल, बाकिर भारतीय गोलकीपर निधि सानदार बचाव कइली।

पहिला क्वार्टर के आखिरी मिनट में साक्षी राणा के सानदार मूव पs हीना बानो गेना के गोल में पहुंचाके भारत के 1-0 से आगे कs देली।

हाफ टाइम तक 2-0 के बढ़त

दूसरका क्वार्टर के सुरुआत में भारत के फेर पेनल्टी कॉर्नर मिलल आ टीम लगातार मौका बनावत रहल। सुनलिता टोप्पो 24वां मिनट में पास मिलला पs गोल कs के स्कोर 2-0 कs देली। पहिला हाफ में भारत 14 बार सर्कल में घुसके अटैक कइलस आ लीड हासिल कइलस।

तीसरका क्वार्टर में 3-0 के बढ़त

तीसरका हाफ के सुरुआत में इशिका रिबाउंड पs गोल दागके टीम के बढ़त 3-0 कs देली। कप्तान ज्योति सिंह के अगुवाई में भारत खेल के रफ्तार के पूरा तरे नियंत्रित रखलस आ वेल्स के डिफेंस पs दबाव बनाके रखलस।

वेल्स के वापसी के कोसिस नाकाम

आखिरी क्वार्टर में वेल्स एगो मौका बनवलस आ एलोइस मोएट (52वां मिनट) गोल कs के अंतर 3-1 कs देलें। बाकिर भारत के डिफेंस फेर कवनो मौका ना देलस आ टीम मैच अपना नामे कइलस।

भारत के अगिला मैच

भारत अब 9 दिसंबर के उरुग्वे के खिलाफ खेली।

Read Also: Location Tracking : हर घरी ऑन रही लोकेशन? सरकार के नया प्लान पs टेक कंपनी जतवली सs चिंता

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]