अंतरविवि स्तरीय कबड्डी प्रतियोगिता खातिर जेपीविवि के महिला टीम रवाना

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के 12 सदस्यीय महिला कबड्डी टीम सोमार के छत्तीसगढ खातिर रवाना हो गइल। बतावत चलीं कि अंतरविवि ईस्ट जोन कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन पंडित रवि शंकर शुक्ल विश्विद्यालय, रायपुर में आयोजित

Share

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के 12 सदस्यीय महिला कबड्डी टीम सोमार के छत्तीसगढ खातिर रवाना हो गइल। बतावत चलीं कि अंतरविवि ईस्ट जोन कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन पंडित रवि शंकर शुक्ल विश्विद्यालय, रायपुर में आयोजित हो रहल बा।

12 सदस्यीय महिला टीम में डीबीएससी कॉलेज दकना के नेहा कुमारी, पीएन कॉलेज परसा के मिशा कुमारी आ मुस्कान कुमारी, पीसी साइंस कॉलेज छपरा के मधु कुमारी, राजेन्द्र कॉलेज छपरा के कविता कुमारी, वाईएन कॉलेज दिघवारा के सपना कुमारी आ मुस्कान कुमारी, एचआर कॉलेज अमनौर के चांदनी कुमारी, खुशी, आरती आउर सोनी कुमारी आउर गोपेश्वर कॉलेज हथुआ के अंजली कुमारी सामिल बा। टीम के कोच राष्ट्रीय खिलाड़ी ऋषिकेश के बनावल गइल बा।

अभी हाले में जेपी विश्वविद्यालय के महिला कबड्डी टीम अंतरविवि स्तरीय पटना में आयोजित चांसलर ट्राफी में तीसरा स्थान प्राप्त कs के जेपी विश्वविद्यालय के गौरव बढ़वले रहे। अइसन में पूरा टीम आत्मविश्वास से भरल बा। जेपी विवि के टीम रायपुर में आपन पहिला मैच वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय, जौनपुर से खेलो।

टीम के छपरा जंक्शन से रवाना करे के दौरान मुख्य रूप से जेपी विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर परमेन्द्र कुमार बाजपेयी, कुलसचिव प्रोफेसर नारायण दास, कुलानुशासक प्रो. विश्वामित्र पांडेय, विवि के स्पोर्टस डायरेक्टर प्रोफेसर राजेश नायक सहित आउर पदाधिकारी टीम बेहतर प्रदर्शन के सुभकामना देले बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.