[the_ad_group id="30365"]

JPU में स्नातक लंबित परीक्षा ना होखला से छात्र परेसान: PRO बोललें-15 जून के पहिले परीक्षा होखला के संभावना

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग कावर से ग्रेजुएशन के लंबित परीक्षा के लेके तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। 15 जून के पहिले लंबित परीक्षा सुरू करावे खातिर परीक्षा विभाग के ओर से तइयारी कइल जा रहल बा। पहिले से जारी सूचना के अनुसार मई महीना में परीक्षा सुरू होखे के रहे। बाकिर अभी ले कवनो नोटिफिकेशन जारी ना भइल।

जवना के लेके विद्यार्थियन में असमंजस के इस्थिति बनल बा। हालांकि, मई के अंतिम सप्ताह में नोटिफिकेशन जारी करे के लेके यूनिवर्सिटी के ओर से आश्वस्त कइल गइल बा। बाकिर प्रमंडल के तीनों जिला छपरा सिवान गोपालगंज में लोकसभा चुनाव होखला के चलते चुनावी प्रक्रिया के लेके कार्य बाधित भइल बा।

जल्दिये जारी होई फॉर्म भरे के नोटिफिकेशन

विश्वविद्यालय के पीआरओ राजेश पांडेय कुलपति प्रो. प्रमेन्द्र कुमार वाजपेयी के हवाले से बतवलें कि जून महीना में हर हाल में स्नातक के परीक्षा सम्पन्न करा लिहल जाई। परीक्षा विभाग एकर तइयारी सुरू कs देले बा। महाराजगंज, सीवान आ गोपालगंज में मतदान के प्रक्रिया समाप्त होखला के बाद परीक्षा फॉर्म भरे से संबंधित नोटिफिकेशन जारी कइल जाई।

स्नातक के इन तीनो सत्रन के परीक्षा एक संगे संभावित बा। परीक्षा विभागो एक संगे एके शेड्यूल पs तीनो परीक्षा के लेवे के तइयारी कs रहल बा। 15 जून के पहिले परीक्षा होखे के पूरी संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]