JPSC-JSSC आंदोलन खत्म : छात्र सरकार के दिहल लो दू महीना के अल्टीमेटम, जांच ना भइल तs फेर रांची में होई जुटान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 19, 2026

रांची। झारखंड में JPSC-JSSC भर्ती परीक्षा में कथित धांधली आ अनियमितता के खिलाफ कइयन दिन से चलत आ रहल छात्र आंदोलन अब फिलहाल खतम हो गइल बा। मंगर के JPSC-JSSC रिफॉर्म मंच आंदोलन खतम करे

Share

JPSC-JSSC Student Protest Ends in Ranchi

रांची। झारखंड में JPSC-JSSC भर्ती परीक्षा में कथित धांधली आ अनियमितता के खिलाफ कइयन दिन से चलत आ रहल छात्र आंदोलन अब फिलहाल खतम हो गइल बा। मंगर के JPSC-JSSC रिफॉर्म मंच आंदोलन खतम करे के ऐलान कइलस। एक दिन पहिले, सोमार के देर सांझ देवेंद्रनाथ गुट आपन आंदोलन समाप्त कs देले रहे।

अब छात्र लोग राज्य सरकार के दू महीना के समय देले बा। एह दौरान JPSC-JSSC से जुड़ल ममिला के उच्चस्तरीय आ निष्पक्ष जांच पूरा करे के मांग बा। मंच साफ कहले बा कि जदि तय समय में जांच पूरा ना भइल, तs छात्र फेर बड़ संख्या में रांची पहुंची लो। अबकि बेर CBI जांच आंदोलन के सबसे बड़ मांग रही।

सरकार के मिलल दू महीना के समय

JPSC-JSSC रिफॉर्म मंच के कोर कमेटी के बैठक में फिलहाल आंदोलन खतम करे के फैसला लिहल गइल। छात्रन के कहनाम बा कि सरकार ओह लोगन के मांग पs कइयन गो महत्वपूर्ण डेग उठवले बिया। एकरा से जांच पूरा करे खातिर सरकार के कुछ समय दिहल जरूरी बा।

मंच के मोताबिक, सरकार के दू महीना के भीतर निष्पक्ष जांच पूरा करे के होई। जदि तय समय में जांच पूरा ना भइल, तs मंच फेर से बड़ संख्या में छात्रन के एकजुट करी आ राजधानी रांची में जोरदार आंदोलन सुरू होई।

जांच ना भइल तs CBI जांच होई मुख्य मांग

छात्र लोग साफ कइले बा कि जदि दू महीना में निष्पक्ष जांच पूरा ना भइल, तs अगिला आंदोलन में CBI जांच के मांग सबसे प्रमुख रही। मंच के सदस्यन के दावा बा कि छात्र आंदोलन के असर सरकार पs पड़ल बा। छात्रन के मोताबिक, आंदोलन के दबाव के बाद सरकार 44 गो भर्ती परीक्षा रद्द कइले बिया। एकरा अलावे कइयन गाे आउर परीक्षा में कथित गड़बड़ी के जांच चल रहल बा।

कोर कमेटी के छात्रन के कहनाम बा कि आंदोलन के चलते सरकार छात्रन के मांग के गंभीरता से लेलस। परीक्षा बेवस्था में गड़बड़ी के जांच सुरू हो गइल बा, एकरा से सरकार के निष्पक्ष जांच पूरा करे के मवका दिहल गइल बा।

एह वजह से फिलहाल आंदोलन खतम करे के फैसला लिहल गइल। हालांकि मंच साफ कs देले बा कि सरकार के कार्रवाई पs छात्रन के नजर लगातार बनल रही।

देवेंद्रनाथ गुट आंदोलन कइल खत्म

JPSC-JSSC परीक्षा विवाद के मुद्दा पs अलग-अलग छात्र गुट आंदोलन करत रहे। सोमार के देर सांझ देवेंद्रनाथ गुट आपन आंदोलन खतम करे के ऐलान कइले रहे। एकरा बाद मंगर के JPSC-JSSC रिफॉर्म मंचो आंदोलन खतम करे के घोषणा कs देलस। एह तरे फिलहाल रांची में भर्ती परीक्षा से जुड़ल छात्र आंदोलन थम गइल बा।

जिला प्रशासन कइलस घरे लवटे के अपील

आंदोलन के बीच जिला प्रशासन धरना स्थल पs मवजूद छात्रन से आपन-आपन घरे लवटे के अपील कइले रहे। प्रशासन के ओर से कहल गइल रहे कि बुध के दुपहरिया तक छात्र धरना स्थल खाली कर के घरे लवट जावs लो।

Read Also: IND vs PAK Hockey : आज भारत-पाकिस्तान हॉकी मुकाबला, हैंडशेक होई कि ना? जान लीं नियम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.