[the_ad_group id="30365"]

जेपी यूनिवर्सिटी के ग्रेजुएशन फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा शेड्यूल जारी,  20 जुलाई से शुरू होगी परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय में ग्रेजुएशन फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा शेड्यूल जारी कs दिहल गइल बा। सनीचर के सांझ जेपी यूनिवर्सिटी के परीक्षा विभाग के ओर से शेड्यूल जारी कइल गइल बा। एकर जानकारी विश्वविद्यालय के जनसंपर्क पदाधिकारी राजेश पांडेय पत्र जारी करत देले बा।

जयप्रकाश विश्वविद्यालय स्नातक सेमेस्टर-1 सीबीसीएस परीक्षा 2023 (सत्र 2023-27) 20 जुलाई 2024 से प्रारंभ होई। ई परीक्षा 26 जुलाई 2024 तक चली। प्रायोगिक परीक्षा 28 जुलाई 2024 से सुरू होई आ पांच अगस्त 2024 तक चली। कुलपति प्रो. परमेंद्र कुमार बाजपेई के निरदेस पs परीक्षा नियंत्रक डॉ. दिलीप कुमार के ओर से परीक्षा कार्यक्रम जारी कs दिहल गइल बा।

जारी कार्यक्रम के अनुसार विषयन के दुगो समूह में बांटल गइल बा। ग्रुप ‘ए’ में जंतु विज्ञान, वनस्पति विज्ञान, भौतिक विज्ञान, रसायन विज्ञान, गणित, मनोविज्ञान, राजनीति विज्ञान, दर्शनशास्त्र आ वाणिज्य विषयन के रखल गइल बा।

ओहिजा ग्रुप ‘बी’ में भूगोल, इतिहास, अर्थशास्त्र, गृहविज्ञान, समाजशास्त्र, हिंदी, संस्कृत, उर्दू, भोजपुरी, अंग्रेजी, एआईएचसी आ संगीत विषयन के रखल गइल बा। जेपी यूनिवर्सिटी में पहिला बेर सीबीसीएस पैटर्न पs परीक्षा के आयोजन होखे के बा।

ग्रुप ‘ए’ के विषयन के परीक्षा पहिला पाली में सबेरे 9:30 बजे से दुपहरिया 12:30 बजे तक होई, जबकि ग्रुप ‘बी’ के परीक्षा दुपहरिया 1.30 बजे से 4:30 बजे तक होई। परीक्षा कार्यक्रम के सूचना परीक्षा नियंत्रक के ओर से प्राचार्य/प्रभारी प्राचार्यन सहित आउर सब संबंधित लोगन के भेज दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]