[the_ad_group id="30365"]

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में नामांकन के तिथि विस्तारित: आठ जुलाई तक अभ्यर्थी ले सकी लो एडमिशन, नोटिफिकेशन जारी

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में चार वर्षीय स्नातक सीबीसीएस पाठ्यक्रम (सत्र-2024-28) के पहिला सूची में सामिल अभ्यर्थियन के नामांकन के तिथि विस्तारित कs दिहल गइल बा। पहिला सूची में सामिल अभ्यर्थियन के नामांकन के अंतिम तिथि पांच जुलाई 2024 रहे। एकरा के विस्तारित कs के आठ जुलाई 2024 कs दिहल गइल बा।

छात्र हित में कुलपति प्रो. परमेंद्र कुमार वाजपेयी के ओर से पहिला सूची में सामिल आवेदकन के नामांकन के प्रक्रिया के आठ जुलाई 2024 तक विस्तारित करे के निरदेस दिहल गइल बा। एकरा पहिले मेधा सूची में सामिल छात्र-छात्रा लोगन के फायदा मिली। विश्वविद्यालय में अनुपातित नामांकन कम होखे से विश्वविद्यालय प्रबंधन चिंतित दिख रहल बा।

नामांकन के तिथि के विस्तारित करे के रहे आग्रह

मालूम होखे कि कइयन गो प्राचार्य आ सुदूर ग्रामीण क्षेत्र के छात्र-छात्रा नामांकन के तिथि के विस्तारित करे के लगातार अनुरोध करत रहे लो, चूंकि कइयन बेर नेटवर्क के समस्या भा फेर कुछ आउर कारणन से सूची में सामिल एह क्षेत्रन के छात्र-छात्रा अंतिम तिथि तक नामांकन करावे से वंचित रह गइल।

एकरा पs सहानुभूतिपूर्वक विचार करत माननीय कुलपति प्रो. परमेंद्र कुमार बाजपेई नेलोछात्र हित में ओह छात्र-छात्रा लोगन के एगो आउर मवका देत एह अभ्यर्थियन के नामांकन प्रक्रिया आठ जुलाई तक जारी रखे के निरदेस देले बाड़ें।

एकरा के लेके प्रभारी अध्यक्ष छात्र कल्याण प्रो. उदयशंकर ओझा के ओर से विश्वविद्यालय प्रक्षेत्र के सब अंगीभूत आ सम्बद्ध महाविद्यालयों के प्राचार्य/प्रभारी प्राचार्य के पत्र भेजके दिशा निरदेस जारी कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]