[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के हाईस्कूल में 9000 शिक्षकन के होई नियुक्ति, 19 मई के 3000 शिक्षकन के मिली नियुक्ति पत्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रांची : झारखंड के हाई स्कूल में नौ हजार शिक्षक के नियुक्ति होई। एकरा तहत ए महीना के 19 मई के तीन हजार शिक्षक के नियुक्ति पत्र अवुरी अगिला महीना 6 हजार शिक्षक के नियुक्ति पत्र देवे के तैयारी चलता। राज्य में साल 2016 से करीब 17 हजार शिक्षक के बहाली के प्रक्रिया चल रहल बा। एकरा तहत आठ हजार शिक्षक के नियुक्ति भईल बा, जबकि अभी नौ हजार शिक्षक के नियुक्ति बाकी बा।

साल 2016 के बहाली प्रक्रिया पूरा होखला के बाद हाई स्कूल में खाली पद पे फेर से नया बहाली के प्रक्रिया शुरू कईल जाई। पिछला 6 साल से राज्य के हाई स्कूल में खाली पद पे शिक्षक के नियुक्ति होई। मालूम रहे कि ए पद पे नियुक्ति खातीर पहिले तमाम जिला से जानकारी मांगल गईल रहे।

26 हजार शिक्षक खातिर अनुरोध भेजल जाई : राज्य के प्राथमिक आ मध्य विद्यालय में 26 हजार शिक्षक के नियुक्ति के प्रक्रिया भी एही महीना से शुरू हो जाई। एकरा खातिर जरूरी प्रक्रिया भी पूरा हो चुकल बा। जिला के ओर से आरक्षण रोस्टर क्लियर करे के संगे नियुक्ति खातीर रिकवरी स्कूल शिक्षा अवुरी साक्षरता विभाग में भी भेजल गईल बा।

साभार- प्रभात भास्कर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]