[the_ad_group id="30365"]

झारखंड: बोकारो गोमो रूट पs बड़ हादसा, मालगाड़ी के दु गो डिब्बा पटरी से उतरल

झारखंड के बोकारो में पटरी से उतरल मालगाड़ी के डिब्बा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

झारखंड के तुपकडीह रेलवे स्टेशन के लगे एगो मालगाड़ी पटरी से उतर गइल बा बोकारो स्टील प्लांट से बल्लभगढ़ जाए वाली मालगाड़ी के दू गो कोच पटरी से उतर गइल बा जवना के चलते आधा दर्जन से अधिका ट्रेनन के संचालन बाधित हो गइल बा . बोकारो गोमो रेल मार्ग पs भी रेल यातायात बाधित हो गइल बा। वाराणसी से रांची जाए वाली वंदे भारत ट्रेन चंदरपुरा रेलवे स्टेशन पs रोकल बा।

एs दुर्घटना के चलते करीब दर्जन भर अप-डाउन ट्रेन के संचालन में बाधा आईल बा, जसही दुर्घटना के बारे में जानकारी मिलल, आद्रा संभाग के रेलवे अधिकारी तुरंत मौका पs पहुंचले। राहत आ बचाव के काम चल रहल बा।  दुर्घटना के कारण के भी जांच कईल जाता।  जानकारी के मुताबिक सभ स्थानीय ट्रेन सामान्य रूप से चल रहल बा। मेन लाइन पs मेल एक्सप्रेस के आवाजाही में बदलाव अवुरी कुछ सावधानी के चलते 3-4 मिनट के देरी होखता। हालात सामान्य बा।

एह ट्रेनन के आवाजाही बाधित हो गइल

*वाराणसी रांची वंदे भारत एक्सप्रेस चंद्रपुर में रोकल गइल।

*राँची-भागलपुर वनांचल एक्सप्रेस के राधा गांव स्टेशन पs रोकल गइल।

*एक्सप्रेस झालिदा रोकल गइल.

*रांची-धनबाद इंटरसिटी बोकारो स्टेशन के आउटर रोक दिहल गइल।

*रांची-दुमका एक्सप्रेस बोकारो रेलवे स्टेशन पs रोकल गइल।

*रांची-गोड्डा इंटरसिटी एक्सप्रेस, टाटा अमृतसर एक्सप्रेस रोक दिहल गईल।

*पाटलिपुत्र एक्सप्रेस ,रांची कामाख्या एक्सप्रेस के रोक दिहल गईल।

*गोड्डा-रांची इंटरसिटी एक्सप्रेस आनंद विहार रांची संपर्क क्रांति एक्सप्रेस के भी रोक दिहल गइल।

हाल ही में भी कई जगह से ट्रेन के पटरी से उतरे के जानकारी सामने आईल रहे। अइसन खबर गुजरात, मध्य प्रदेश, मथुरा से आईल। कुछ जगह जानबूझ के ट्रेन के पटरी से उतारे के कोशिश कईल गईल, तs कुछ जगह वाहवाही के लालच से रेलवे के कर्मी पहिले पटरी के नुकसान पहुंचवले अवुरी ओकरा बाद ओकरा के ठीक कs देले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]