Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड के शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के निधन: बिहान आई  पार्थिव देह, विधानसभा आ जेएमएम कार्यालय में होई अंतिम दर्शन

313

झारखंड के शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के बियफे के निधन हो गइल। चेन्नई के अस्पताल में इलाज के दौरान ऊ अंतिम सांस लेलें। 2020 में उनका कोरोना भइल रहे। इंफेक्शन एतना बढ़ गइल रहे कि उनका फेफड़ा के ट्रांसप्लांट करे के पड़ल रहे। ओकरा बाद से ऊ बेमार चलत रहलें। ऊ गिरिडीह के डुमरी से विधायक रहलें।

काल्ह अंतिम दर्शन

झारखंड मुक्ति मोर्चा बतवलस कि पार्टी के कद्दावर आंदोलनकारी नेता सह मंत्री, झारखंड सरकार स्व० जगरनाथ महतो के पार्थिव देह काल्ह दिनांक 07 अप्रिल 2023 दिन सुक के चेन्नई से सबेरे रांची के हवाई अड्डा पहुंचीं। बिहान सबेरे 07.30 बजे झारखंड विधान सभा रांची में ओकरा बाद सबेरे 08 बजे रांची के हरमू स्थित पार्टी के केंद्रीय कार्यालय (कैम्प) में स्व० जगरनाथ महतो के पार्थिव देह, अंतिम दर्शन आ श्रद्धांजलि खातिर ले आवल जाई।

14 मार्च के विधानसभा के बजट सत्र के दौरान अचके उनकर तबीयत खराब हो गइल रहे। घबराहट आ बेचैनी के बाद उनका लगही एचइसी-पारस अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

सीटी स्कैन सहित सब प्रकार के जांच भइल, जेमें लंग्स में माइल्ड इंफेक्शन के संकेत मिलल रहे। उनका के आईसीयू में शिफ्ट कइल गइल। रात में उनका के एंबुलेंस से एमजीएम चेन्नई शिफ्ट कs दिहल गइल रहे।

मुख्यमंत्री सोरेन बोललें- महान आंदोलनाकारी आ जनप्रिय नेता खो देलें 

उनका निधन पs मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन ट्विट कs के शोक जतवलें। ऊ लिखलें कि हमनी के टाइगर जगरनाथ दा ना रहलें! आज झारखंड आपन एगो महान आंदोलनकारी, जुझारू, कर्मठ आ जनप्रिय नेता खो देलें। चेन्नई में इलाज के दौरान आदरणीय जगरनाथ महतो जी के निधन हो गइल। परमात्मा दिवंगत आत्मा के शांति प्रदान कs के शोकाकुल परिवार के दुःख के ई विकट घड़ी सहन करे के शक्ति देस।

बाबूलाल मरांडी कइलें ट्वीट

निधन के लेके भारतीय जनता पार्टी के विपक्ष के नेता बाबूलाल मरांडी ट्वीट करत लिखलें कि झारखंड सरकार के मंत्री श्री जगरनाथ महतो जी के चेन्नई के अस्पताल में निधन के बहुते दुःखद सूचना मिलल बा। लमहर समय से बेमारी के हरावत योद्धा के तरह डंटल रहे वाला जगरनाथ जी के चलल जाये के पूरा झारखंड खातिर अत्यंत दुखदायी बा। राजनीतिक भिन्नता के बादो व्यक्तिगत रूप से उनकर जीवटता के हम सदैव प्रशंसक रहल बानी।

दु दिन के होई राजकीय शाेक

शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के सम्मान में दु दिन के राजकीय शोक मनावल जाई। आज माने छव अप्रिल से सात अप्रैल तक राजकीय शोक होई। एह दौरान सब भवनन जहां नियमित रूप से राष्ट्रीय ध्वज फहरावल जाला, ओपर राष्ट्रीय ध्वज आधा झुकल रही। एह दौरान कवनो तरे के राजकीय समारोह ना होई। एकरा संगही राज्य सरकार निर्णय लेले बिया कि छव अप्रिल माने आज राज्य के सब कार्यालय बंद रही। मंत्री मंडल सचिवालय आ निगरानी विभाग के ओर से ई अधिसूचना ज्वाइंट सेक्रेटरी अखिलेश कुमार सिन्हा के हस्ताक्षर से जारी कइल गइल बा। ओहिजा आज होखे वाला कैबिनेट के बैठक स्थगित कs दिहल गइल रहे।

504980cookie-checkझारखंड के शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के निधन: बिहान आई  पार्थिव देह, विधानसभा आ जेएमएम कार्यालय में होई अंतिम दर्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.