[the_ad_group id="30365"]

झारखंड : झारखंड बंद समर्थक निकलले, मोरहाबादी में पुलिस खदेड़लस, हर जगह पुलिस तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • योजना नीति के विरोध में छात्र संगठन बुधवार के झारखंड बंद के आह्वान कईले बाड़े। सबेरे 8:30 बजे अलग-अलग इलाका में बंद समर्थक निकल के बंद कइल शुरू क देले।

रांची : योजना नीति के विरोध में छात्र संगठन बुधवार के झारखंड बंद के आह्वान कईले बाड़े। सबेरे 8:30 बजे अलग-अलग इलाका में बंद समर्थक निकल के बंद शुरू क देले। रांची के मोरहाबादी मैदान में साप्ताहिक बाजार में पहुंचल बंद समर्थक बंद के शुरुआत कईले।

हालांकि सिटी डीएसपी दीपक कुमार के नेतृत्व वाली टीम ए लोग के भगा दिहलस।

बंद के सफल बनावे के चक्कर में युवा सड़क पे मौजूद दोकान आ हाट बाजार बंद करे शुरू क देले बाड़े। इहाँ बंद के देखत पूरा राज्य में सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम कईल गईल बा। पुलिस मुख्यालय भी सब जिला में अलर्ट जारी क देले बा। रांची, बोकारो आ धनबाद के एसपी के बंद के लेके विशेष सतर्क रहे के निर्देश दिहल गईल बा। बंद समर्थकन से निपटे खातिर 5000 से अधिका जवानन के अतिरिक्त तैनाती कइल गइल बा। पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी भी जवान के बंद से निपटे के जानकारी देले। एक दिन पहिले छात्र संगठन मशाल जरा के जुलूस निकलले रहले।

विरोध में छात्र संगठन के ओर से 72 घंटा के आंदोलन सोमवार से ही शुरू हो गईल बा। 17 अप्रैल के सीएम के आवास के घेराबंदी करे खातीर भारी संख्या में छात्र आईल रहले। ए दौरान उ लोग राम के मंदिर के नजदीक कांके रोड पे बैरिकेडिंग के पार करे के कोशिश कईले। लेकिन जब उ लोग सहमत ना भईले त पुलिस ओ लोग के रोके खातीर लाठी-चार्ज कईलस। एकरा में बहुत छात्र घायल हो गईले। केहू के माथा में चोट लागल बा त केहू के पीठ आ गोड़ में चोट लागल बा। सड़क पे पुलिस आ छात्र के बीच झड़प देखाई देलस। पुलिस बल प्रयोग के बाद छात्र पीछे हट गईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]