गोरखपुर नगर निगम के JE-AE होई लो सस्पेंड: 13 लाख से बनल सीसी रोड रातो-रात उखाड़ दिहल रहे

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 25, 2024

गोरखपुर के वार्ड संख्या 16, दिग्विजयनगर में आठ महीना पहिले 13 लाख रुपिया के लागत से बनावल गइल सीसी सड़क के दोबारा टेंडर निकाले आ अचानक रातो-रात सड़क के खोदे के ममिला में नगर आयुक्त

Share

गोरखपुर के वार्ड संख्या 16, दिग्विजयनगर में आठ महीना पहिले 13 लाख रुपिया के लागत से बनावल गइल सीसी सड़क के दोबारा टेंडर निकाले आ अचानक रातो-रात सड़क के खोदे के ममिला में नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल सख्त कदम उठवले बाड़ें।

एह ममिला में विवादित अवर अभियंता राजकुमार आ सहायक अभियंता शैलेष कुमार के निलंबित करे के सिफारिश शासन से कइल बा, जबकि एगो आउर अवर अभियंता विवेकानंद के प्रतिकूल प्रविष्टि आ एक्सईएन अमरनाथ के चेतावनी दिहल गइल बा।

सड़क घोटाला के जांच में दोषियन पs शिकंजा

पहिला नजर में दोषी पावल गइल अभियंता के एक हफ्ता पहिले नोटिस जारी कइल गइल रहे, जेमे ओह लोगन के आरोपन के जवाब देवे खातिर पांच दिन के समय दिहल गइल रहे। सब अभियंता लोगन के जवाबन के समीक्षा के बाद मुख्य अभियंता संजय चौहान नगर आयुक्त के आपन रिपोर्ट सउपलें। एकरा बाद बियफे के नगर आयुक्त शासन से अभियंता लोगन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के सिफारिश कइलें।

पहिले से विवादन में घिरल अभियंता

ममिला के मुख्य आरोपी अवर अभियंता राजकुमार पहिलही से विवादित रहल बाड़ें। उनका पs कइयन गो अनियमिततन के आरोप लागत रहल बा, जवना के चलते नगर आयुक्त उनका के वार्ड के कामकाज से हटाके मुख्यालय से जोड़ देले रहस। हाले में उनका के वार्डन के चार्ज फेर से दिहल गइल रहे, बाकिर उनका खिलाफ जांच अभियो जारी बा।

पार्षद के सक्रियता से उजागर भइल ममिला

24 दिसंबर, 2022 के पार्षद ऋषि मोहन वर्मा दिग्विजयनगर वार्ड में विनोद शाह के मकान से बलवंत के मकान तक सीसी सड़क बनावे के प्रस्ताव देले रहस, जवन फरवरी, 2024 में 13 लाख रुपिया के लागत से पूरा भइल। बाकिर 15 अक्टूबर 2024 के रात के अचानक जेसीबी से पूरा सड़क खोद दिहल गइल। पार्षद तुरंत नगर आयुक्त के सूचित कइलें, जवना के बाद जांच में पता चलल कि बिना कवनो आधिकारिक मंजूरी के ठेकेदार सड़क के उखड़ले रहे।

आर्थिक अनियमितता से बचे के कोसिस 

हालांकि, एह मनिला में अभी ले कवनो आर्थिक अनियमितता के खुलासा नइखे भइल, काहेकि ठेकेदार के सड़क निर्माण के भुगतान ना कइल गइल रहे। एकरा बादो, नगर निगम प्रशासन पहिलही से ठेकेदार पs एफआईआर दर्ज करा देले रहे। नगर आयुक्त स्पष्ट कइले बाड़ें कि कवनो विकास परियोजना में गड़बड़ी करे वाला अधिकारी भा कर्मचारी के बख्शल ना जाई।

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवलें कि विकास परियोजनन में गड़बड़ी करे वालन के खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाई। दोषियन के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई के संस्तुति कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.