अमिताभ के रेखा तs जया के पसंद रहले इ सुपरस्टार, बतवले रहली आपन पहिला प्यार, एक्ट्रेस कहले रहली- ग्रीक गॉड लागत रहले उ

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2023

हालही में रिलीज भइल फिलिम रॉकी और रानी की प्रेम कहानी में तीन गो दिग्गज स्टार धर्मेन्द्र, जया बच्चन आ शबाना आजमी के साथे रणवीर सिंह आ आलिया के मुख्य भूमिका बा। एह फिलिम के

Share

हालही में रिलीज भइल फिलिम रॉकी और रानी की प्रेम कहानी में तीन गो दिग्गज स्टार धर्मेन्द्र, जया बच्चन आ शबाना आजमी के साथे रणवीर सिंह आ आलिया के मुख्य भूमिका बा। एह फिलिम के रिलीज होखे से पहिले धर्मेन्द्र जया से जुड़ल एगो पुरान घटना पs प्रतिक्रिया दिहलन जब जया उनुका के बहुते पसंद करत रहले।फिलिम गुड्डी में धर्मेन्द्र आ जया मिलजुल के काम कइले रहलें। इs घटना एही फिलिम के दउरान भईल रहे। धर्मेन्द्र आ जया बच्चन के ई कहानी जनला के बाद शायद रउरो अचरज में पड़ जाईंब।

धर्मेन्द्र जया बच्चन पs खुलासा कइले

मशहूर फिल्म ‘गुड्डी’ में धर्मेन्द्र आ जया एक साथ काम कइले रहले। जया बच्चन के एह फिलिम में काम करे से पहिले धर्मेंद्र से बहुते शौक रहे। फिल्म के शूटिंग खातिर जब धर्मेंद्र सेट पs आवत रहले तs जया सोफा के पीछे लुका के उनुका के देखत रहली मीडिया से बात करत धर्मेन्द्र ओह पुरान जमाना के याद करत कहले कि ई जया जी के हमरा प्रति प्यार आ सम्मान ह।जया आ अमिताभ के हम बहुत दिन से जानत बानी। शोले के शूटिंग के दौरान हमनी के बहुत समय एक संगे बितवनी। रॉकी आ रानी की प्रेम कहानी के शूटिंग के दउरान पुरान जमाना के याद ताजा हो गइल।

जया कइले रहली इकरार 

जया बच्चन करण के साथे बनल कॉफी विद करण में धर्मेंद्र के पसंद कबूल कइले रहली।धर्मेन्द्र से मुलाकात के याद करत उ कहले रहली – जब हम पहिला बेर उनुका से मिलनी तs बहुत घबरा के सोफा के पीछे लुका गईनी। अतना सुन्दर आदमी के सोझा का करे के बा, बुझात ना रहे। हमरा आजुओ इयाद बा कि ऊ सफेद ट्राउजर आ सफेद कमीज में ग्रीक गॉड जइसन लउकत रहले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.