बिहार के महाराजगंज से जनार्दन सिंह सिग्रीवाल आ सारण से प्रताप रूडी के मिलल जीत, आकाश सिंह आ रोहिणी के हार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

बिहार के महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र से बीजेपी के जनार्दन सिंह सिग्रिवाल कांग्रेस प्रत्याशी आकाश कुमार सिंह के 1,02,651 वोट से हरा देले। जनार्दन सिंह सिग्रीवाल के 5,29,533 वोट मिलल। ओहिजा, कांग्रेस प्रत्याशी आकाश कुमार सिंह

Share

बिहार के महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र से बीजेपी के जनार्दन सिंह सिग्रिवाल कांग्रेस प्रत्याशी आकाश कुमार सिंह के 1,02,651 वोट से हरा देले। जनार्दन सिंह सिग्रीवाल के 5,29,533 वोट मिलल। ओहिजा, कांग्रेस प्रत्याशी आकाश कुमार सिंह के 4,26,882 वोट मिलल बा। सिग्रीवाल के ई लगातार तिसरका जीत हs। 2014 आ 2019 के लोकसभा चुनाव में ऊ भाजपा के टिकट पs जीत हासिल कइले रहस। मतगणना में सुरू से आकाश पs बनल लीड अंत ले बरकरार रहल।

जनार्दन सिंह सिग्रीवाल
जनार्दन सिंह सिग्रीवाल

 

ओहिजा, सारण लोकसभा क्षेत्र से में भाजपा प्रत्याशी राजीव प्रताप रूडी के राजद प्रत्याशी आ लालू यादव के बेटी रोहिणी आचार्य के ऊपर जीत मिलल। दुनू प्रत्याशियन के बीच अंत ले जोरदार टक्कर देखे के मिलल, बाकिर अंतिम परिणाम के मोताबिक राजीव प्रताप रूड़ी 13,661 मत  से विजयी भइलें। उनका 4,71,752 मत मिलल। रोहिणी आचार्य के 4,58,091 मत मिलल।

राजीव प्रताप रूड़ी
राजीव प्रताप रूड़ी

छपरा मुख्यालय के बाजार समिति में काउंटिंग के दौरान प्रत्याशी आ समर्थक लगातार अपडेट लेत रहे लो। प्रशासन के ओर से कड़ा सुरक्षा बेवस्था के शांति पूर्वक मतगणना पूरा करावल गइल। जीत के आधिकारिक घोषणा के बाद भाजपा समर्थकन में खुसी के लहर बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.