World Boxing Cup Finals : भारत गोल्ड के हैट्रिक लगवलस, मीनाक्षी, प्रीती आ अरुंधती के ‘गोल्डन पंच’

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत वर्ल्ड बॉक्सिंग कप में गोल्ड मेडल के हैट्रिक लगा देले बा। मीनाक्षी हूडा महिला लोगन के 48 किलो वर्ग में गोल्ड जीत के देस खातिर पहिला मेडल दिलवली। ओकरा बाद प्रीती पवार

Share

Indian women boxers Minakshi Hooda, Preeti Pawar and Arundhati Choudhary win gold medals at World Boxing Cup Finals 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत वर्ल्ड बॉक्सिंग कप में गोल्ड मेडल के हैट्रिक लगा देले बा। मीनाक्षी हूडा महिला लोगन के 48 किलो वर्ग में गोल्ड जीत के देस खातिर पहिला मेडल दिलवली। ओकरा बाद प्रीती पवार 54 किलो वर्ग में गोल्ड जीतलीं आ अरुंधती चौधरी 70 किलो वर्ग में गोल्ड पंच मार के भारत के कमाल बढ़ा दिहल लोग।

बता दीं कि मीनाक्षी हूडा बियफे के दिने वर्ल्ड बॉक्सिंग कप फाइनल्स में भारत खातिर पहिलका गोल्ड मेडल जीतली। मीनाक्षी महिला लोगन के 48 किलो वर्ग में उज्बेकिस्तान के फरजोना फोजीलोवा के सर्वसम्मति फैसला से हरवली।

नई दिल्ली में चल रहल वर्ल्ड बॉक्सिंग कप फाइनल्स 2025 में मीनाक्षी फोजीलोवा के 5:0 के अंतर से मात देली। गोल्ड जीतला के बाद मीनाक्षी कहलीं, “सुरू में बहुते नर्वस रहनी, बाकिर जब भीड़ देखनी तs हिम्मत आ जोश दोगुना हो गइल। खुसी बा कि देस खातिर गोल्ड मेडल ले सकनी।”

एही तरे प्रीती पवार इटली के 2025 वर्ल्ड ब्रॉन्ज मेडलिस्ट सिरिन चराबी के हराके गोल्ड मेडल अपना नावे कइली। प्रीती महिला लाेगन के 54 किलो वर्ग में सिरिन पs लगातार मुक्का बरसावत पूरा मुकाबला कंट्रोल में रखली आ गोल्ड जीत लेली।

ओकरा बाद महिला लोगन के 70 किलो वर्ग के फाइनल में अरुंधती चौधरी उज्बेकिस्तान के अजीजा जोकिरोवा के हराके गोल्ड मेडल भारत के झोली में डाल देली।

Read Also: Vivo Smartphone : 10,000 रुपिया से कम में किनी 6000mAh बटरी आ 50MP कैमरा वाला Vivo के 5G स्मार्टफोन, ऑफर डीटेल चेक करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.