जम्मू-कश्मीर: सुरक्षाबल से मुठभेड़ में लश्कर के तीन आतंकी भइलें ढेर, कश्मीरी पंडित-नेपाली नागरिकन के हत्या में रहलें सब शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2022

जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में मंगर के सुबह आतंकियन अउर सुरक्षाबल के बीच मुठभेड़ भइल। मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा (एलईटी) के तीन आतंकवादी मारल गइल बानें। समाचार एजेंसी एएनआई के अनुसार सुरक्षा बल पूरे इलाके में

Share

जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में मंगर के सुबह आतंकियन अउर सुरक्षाबल के बीच मुठभेड़ भइल। मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा (एलईटी) के तीन आतंकवादी मारल गइल बानें। समाचार एजेंसी एएनआई के अनुसार सुरक्षा बल पूरे इलाके में नाकाबंदी कs तलाशी अभियान तेज कर दिहल गइल बा। मुठभेड़ मुंझ मार्ग इलाका में भइल।
एडीजीपी कश्मीर बतवलें कि मारल गइल तीन स्थानीय आतंकवादियन में से दू जनी के पहचान हो गइल बा। जबकि तीसरा के पहिचनले के प्रक्रिया जारी बा। एहमें से एगो शोपियां के लतीफ लोन ह, जौन एक कश्मीरी पंडित पुराण कृष्ण भट के हत्या में शामिल रहल अउर दूसरा अनंतनागिन के उमर नजीर ह, नेपाल के तिल बहादुर थापा के हत्या में शामिल रहल। इनके लग्गे से एक एके 47 रायफल अउर दू पिस्टल बरामद भइल बा।
https://twitter.com/ANI/status/1605027125303836675?t=1YSs8jC9lzOCXpVEkzOe9g&s=19
बतावल जाsता कि सुरक्षाबल के टीम के आतंकियन के मौजूदगी के सूचना मिलल रहे। सुरक्षाबल लोग इलाका के घेर के तलाशी अभिायन शुरू कइलस। एही दौरान आतंकी लोग सुरक्षाबल पर फायरिंग कs दिहलें। जवान मोर्चा पs बानें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.