Jammu-Kashmir: कुपवाड़ा में सुरक्षा बलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, एगो दहशतगर्द ढेर; सर्च ऑपरेशन जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2024

जम्मू-कश्मीर के कुपवाड़ा क्षेत्र में मंगर के रात से जारी मुठभेड़ में सुरक्षाबल एगो आतंकी के ढेर कs देले बा लो। पूरा इलाका में सुरक्षाबलन के सर्च ऑपरेशन जारी बा। मुठभेड़ में सेना के एगो

Share

जम्मू-कश्मीर के कुपवाड़ा क्षेत्र में मंगर के रात से जारी मुठभेड़ में सुरक्षाबल एगो आतंकी के ढेर कs देले बा लो। पूरा इलाका में सुरक्षाबलन के सर्च ऑपरेशन जारी बा। मुठभेड़ में सेना के एगो जवानो घायल भइल बा। भारतीय सेना के चिनार कोर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs ऑपरेशन के जानकारी शेयर कइलस। एकरा पहिले उत्तरी कश्मीर के सीमांत जिला कुपवाड़ा के लोलाब में मंगर के सुरक्षाबलन के आतंकियन के संगे मुठभेड़ भइल। सुरक्षाबल इलाका के घेराबंदी कs के तलाशी अभियान चलवलस।

भारतीय सेना के चिनार कोर बतवलस कि सामान्य क्षेत्र कोवुत, कुपवाड़ा में आतंकवादियन के उपस्थिति के बारे में विशिष्ट इनपुट के आधार पs भारतीय सेना आ जम्मू-कश्मीर पुलिस के ओर से 23 जुलाई के एगो संयुक्त खोज अभियान सुरू कइल गइल बा। 24 जुलाई के सतर्क सैनिकन के ओर से संदिग्ध गतिविधि देखल गइल आ चुनौती दिहल गइल, जवना के जवाब में आतंकवादी अंधाधुंध गोलीबारी कइलस। एगो आतंकवादी के मार गिरावल गइल आ एगो एनसीओ घायल हो गइल।

एगो अधिकारी मंगर के बतवलें कि लोलाब के त्रिमुखा टॉप क्षेत्र में सुरक्षाबलन के आतंकियन के मूवमेंट के सूचना मिलल रहे। एकरा आधार पs कुपवाड़ा पुलिस सेना के 28 आ 22 राष्ट्रीय राइफल्स के जवानन के संगे मिलके इलाका के घेराबंदी कs के साझा तलाशी अभियान चलावल। घेरा सख्त होत देख आतंकी जवानन पs फायरिंग कs के मवका से भागे के कोसिस कइलस।

पुंछ में घुसपैठ के साजिश नाकाम, एगो जवान बलिदान

भारत-पाकिस्तान नियंत्रण रेखा पs इस्थित कृष्णा घाटी के बट्टल में मंगर तड़के सुरक्षाबल सीमापार से घुसपैठ के साजिश के नाकाम कs दिहल। गोलीबारी में सेना के एगो जवान बलिदान हो गइल। सुरक्षाबल इलाका के घेर रखले बा लो। इलाका में तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा। बलिदान जवान के शिनाख्त लांस नायक सुभाष चंद्र के रूप में भइल बा। ऊ उत्तर प्रदेश के हाथरस जिला के सादाबाद तहसील के नागमनी गांव के रहे वाला रहस।

व्हाइट नाइट कोर एक्स पs कहलस, पुंछ जिला के मेंढर तहसील के कृष्णा घाटी सेक्टर में तैनात सेना के 7 जाट रेजिमेंट आ सीमा सुरक्षाबल के 158 वीं वाहिनी के जवान सोमार के रात के अग्रिम चौकी बिच्छू से आगे बट्टल नाला के पास एम्बुश लगा के रखले रहे लो। इलाका में भारी बरखा के बीच तड़का करीब तीन बजे जवान लोग पाकिस्तान के कब्जा वाला बटटल क्षेत्र से दु से तीन आतंकियन के घुसपैठ करत देखल लो। जवानन के ललकारना पs आतंकी फायिरंग सुरू कs दिहल। जवानन के ओर से जवाबी गोलीबारी कइल लो।

एह बीच आतंकियन के ओर से फेंकल गइल एगो ग्रेनेड के चपेट में आके लांस नायक सुभाष चंद्र गंभीर रूप से घायल हो गइलें। जवना के तत्काल उहां से उठा के अग्रिम चौरी पs ले आवल गइल। जहां प्राथमिक उपचार के दौरान ऊ बलिदान हो गइल। एह बीच सेना आ घुसपैठियन के बीच दुपहरिया तक गोलीबारी भइल। एकरा बाद आतंकी भौगोलिक परिस्थितियन के लाभ उठावत भाग निकलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.