भीषण सड़क दुर्घटना से दहल उठल आइवरी कोस्ट, 21 लोगन के मउत, 10 से जादा भइले घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

      अफ्रीका महाद्वीप के एगो देश आइवरी कोस्ट में भइल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में बहुते लोग के जान गँवावे के खबर बा. सोमार के अधिकारी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक

Share

Road Accident

 

 

 

अफ्रीका महाद्वीप के एगो देश आइवरी कोस्ट में भइल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में बहुते लोग के जान गँवावे के खबर बा. सोमार के अधिकारी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक एs सड़क दुर्घटना में 21 लोग के मउत हो गईल अवुरी कम से कम 10 लोग घाही हो गईले। परिवहन मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, इs जानलेवा दुर्घटना अतवार के रात सोब्रे अवुरी गगनोआ शहर के जोड़े वाला सड़क के एगो हिस्सा पs भईल। हालांकि बहुत लोग के जान ले जाए वाला एs भयावह दुर्घटना के बारे में अवुरी कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

साल के शुरुआत में भी एगो गंभीर दुर्घटना भईल रहे

मंत्रालय के बयान के मुताबिक दुर्घटना के कारण के पता लगावे खातीर जांच शुरू कs दिहल गईल बा। बयान में कहल गईल कि, ‘परिवहन मंत्रालय सभ ड्राइवर से निहोरा करता कि सड़क यातायात के दौरान जादा सतर्क रहे के चाही, खास तौर प दोसरा गाड़ी के ओवरटेक करे खातीर रेसिंग करत समय यातायात के नियम के पालन करे के चाही अवुरी गति बनावे राखे खातीर अलग-अलग स्पीड लिमिट के मुताबिक गाड़ी चलावे के चाही।’ बता दी कि साल के शुरुआत में भी उत्तरी आइवरी कोस्ट में एगो टैंकर ट्रक एगो बस से टकरा गईल, जवना में 13 लोग के मउत हो गईल। एह भयावह हादसा में 44 लोग भी घायल हो गइलें।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.