Iran: इस्राइल-ईरान तनाव के बीच पुतिन से मिलिहें ईरानी राष्ट्रपति, जानीं काहे अहम बा ई मुलाकात

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 11, 2024

सुक के रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन, ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेश्कियान से मुलाकात करिहें। दुनो नेता के मुलाकात तुर्कमेनिस्तान में आयोजित एगो कार्यक्रम से अलगा होई। ई मुलाकात अइसन समय हो रहल बा, जब

Share

पुतिन आ पेजेश्कियान - फोटो : एएनआई

सुक के रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन, ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेश्कियान से मुलाकात करिहें। दुनो नेता के मुलाकात तुर्कमेनिस्तान में आयोजित एगो कार्यक्रम से अलगा होई। ई मुलाकात अइसन समय हो रहल बा, जब इस्राइल आ ईरान के बीच तनाव चरम पs बा। इहे वजह बा कि एह मुलाकात के बहुते चरचा बा। गौर करे वाला बात बा कि एक हफ्ता पहिलही रूस के प्रधानमंत्रियो ईरानी राष्ट्रपति पेजेश्कियान आ उपराष्ट्रपति रेजा अरेफ से ईरान में मुलाकात कइले रहस।

दुनो नेता लोगन के मुलाकात के का बा मायना 

सोवियत संघ के समय में ईरान आ रूस एक दूसरा के कट्टर आलोचक रहे, बाकिर मवजूदा समय के बदलल परिस्थितियन में दुनो देस करीब आ गइल बा। दुनो देसन पs लागल पश्चिमी प्रतिबंध दुनो देसन के निचिका ले आवे में अहम भूमिका निभवले बा। अमेरिकी प्रतिबंधन के चलते ईरान के एगो अइसन ताकतवर देस के जरूरत बा, जवन ओकरा के हथियारन के सप्लाई कs सके। ओहिजा, यूक्रेन युद्ध के चलते अलग-थलग पड़ल रूस के ईरान के रूप में एगो मजबूत सहजोगी मिलल बा।

सीरियो में दुनो देसन के साझा हित बा आ रूस सीरिया के मवजूदा सरकार के सत्ता में बनल रहे में मदद कs रहल बा। ओहिजा, ईरान के सरकार के सीरियाई सरकार के समर्थन बा। इस्राइल के ओर से सीरिया पs हमला कइल जा रहल बा। पश्चिमी देस सीरिया के मवजूदा सरकार के सत्ता से हटावल चाहत बाड़ी सs। अइसन में सीरिया के मुद्दा पs ईरान आ रूस एक पेज पs बा। दुनो देसन के बीच नजदीकी के इहो एगो वजह बा।

इस्राइल आ ईरान के बीच तनाव चरम पs बा। बीतल दिनन ईरान के ओर से इस्राइल पs हवाई हमला कइल गइल रहे। जवना के बाद इस्राइल जवाबी कार्रवाई करे के धमकी देले रहे। अमेरिका इस्राइल के समर्थन करे के एलान कइले बा। अइसन में ईरान रूस के संगे अपना रिश्तन के मजबूत कs रहल बा ताकि युद्ध के इस्थिति में हथियारन के आपूर्ति के समस्या ना रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.