Islamabad Hospital Fire : इस्लामाबाद के अस्पताल में एसी के कंप्रेसर फटला से लागल आग, 15 नवजात लईकन के मौत

Islamabad PIMS Hospital AC Compressor Fire

Share

इस्लामाबाद। पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद में बुध के सबेरे एगो दिल दहला देवे वाला हादसा हो गइल। एगो अस्पताल में आग लगला से करीब 15 नवजात लईकन के मौत हो गइल।

ई हादसा पाकिस्तान इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंसेज (PIMS) के गायनेकोलॉजी वार्ड में भइल। मिलल जानकारी के मोताबिक, अस्पताल के नर्सरी में एयर-कंडीशनर (AC) के कंप्रेसर फट गइल, जवना के बाद भयंकर आग लाग गइल।

नर्सरी में मवजूद रहे लो 16 नवजात लईका

PIMS के अधिकारियन के मोताबिक, घटना के समय अस्पताल के नर्सरी में कुल 16 नवजात शिशु मवजूद रहे लो। आग के चपेट में आके 15 लईकन के मौत हो गइल, जबकि खाली एगो नवजात के जान बचावल जा सकल।

आग लगते मचल अफरा-तफरी

आग लागे के सूचना मिलतही बचाव दल सक्रिय हो गइल। नर्सरी में मवजूद नवजात लईकन के तत्काल गायनेकोलॉजी वार्ड से बाहर निकालल गइल। बचावकर्मी लईकन के सुरक्षित निकाले के हरसंभव कोसिस कइलें। हालांकि, हादसा एतना गंभीर रहे कि 16 में से खाली एगो नवजात शिशु के जान बचावल जा सके।

आग पs पावल गइल काबू

बचाव अधिकारियन के माेताबिक, आग पs काबू पा लिहल गइल बा। फिलहाल घटनास्थल पs कूलिंग ऑपरेशन चलावल जा रहल बा, ताकि दोबारा आग भड़के के खतरा ना रहे।

एह दर्दनाक हादसा के बाद अस्पताल प्रशासन आ बचाव एजेंसियन के ओर से घटना के कारणन के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: 26 अगस्त 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-