[the_ad_group id="30365"]

FIFA World Cup से पहिले ईरान के चेतावनी, स्टेडियम में विरोध भइल तs मैच रोके के धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। फीफा विश्व कप 2026 सुरू होखे से पहिले ईरान फुटबॉल टीम के लेके एगो नया विवाद सामने आ गइल बा। ईरान के खेल मंत्री अहमद दुन्यामाली चेतावनी देले बाड़ें कि अगर विश्व कप मुकाबला के दौरान स्टेडियम में आधिकारिक मंजूरी ना मिलल झंडा देखावल गइल भा राष्ट्रीय टीम के खिलाफ नारा लगावल गइल, तs टीम मैच रोक सकेले।

ईरान विश्व कप में ग्रुप-जी में सामिल बा। टीम के पहिला मुकाबला 15 जून के लॉस एंजिलिस में न्यूजीलैंड के खिलाफ होई। एकरा बाद 21 जून के बेल्जियम आ 26 जून के सिएटल में मिस्र से मुकाबला होखे वाला बा।

फीफा के दे दिहल बा गइल जानकारी

ईरानी मीडिया के मोताबिक खेल मंत्री अहमद दुन्यामाली कहलें कि एह मुद्दा पs फीफा के जानकारी दे दिहल गइल बा। उनका कहनाम बा कि जदि स्टेडियम में गैर-अधिकृत झंडा ले आवल गइल भा टीम के खिलाफ विरोधी नारा लगावल गइल, तs टीम मैनेजर मैच रोके खातिर जिम्मेदार होइहें।

ऊ ईहो कहलें कि मिस्र के खिलाफ आखिरी ग्रुप मैच खातिर अधिकारी लोगन से भरोसा मिलल बा कि कवनो तरे के विवादित घटना ना होखे दिहल जाई।

ईरान के खिलाफ पहिलहू उठल बा आवाज

एकरा से पहिले अप्रिल में वैंकूवर में फीफा कांग्रेस के बाहर कुछ प्रदर्शनकारी ईरान के विश्व कप से बाहर करे के मांग कइले रहलें। प्रदर्शनकारी के आरोप रहे कि ईरानी राष्ट्रीय टीम देस के नागरिकन के बजाय इस्लामिक रिवोल्यूशनरी गार्ड कॉर्प्स के प्रतिनिधित्व करेला।

मिस्र के खिलाफ ईरान के मुकाबला चरचा में रहे, काहे कि दुनो देस के फुटबॉल संघ फीफा से मैच दौरान एलजीबीटीक्यू से जुड़ल गतिविधियन पs रोक लगावे के मांग कइले रहलें।

टिकट आ यात्रा के चुनौती

विश्व कप से पहिले ईरानी टीम के संगठनात्मक परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा। ईरान फुटबॉल महासंघ के दावा बा कि ओकर टिकट आवंटन रद्द कs दिहल गइल, जवना से कइयन गो समर्थक परेसान हो गइल बा लोग।

फिलहाल ईरानी टीम मैक्सिको के तिजुआना में ट्रेनिंग करत बिया। भू-राजनीतिक तनाव के चलते यात्रा तक में चुनौती सामने आ रहल बा। अमेरिकी होमलैंड सिक्योरिटी विभाग पुष्टि कइले बा कि ईरानी टीम के हर मैच से एक दिन पहिले अमेरिका में प्रवेश के अनुमति मिली।

Read Also: MP Rajya Sabha Election : मध्य प्रदेश में बीजेपी के तीनों राज्यसभा उम्मीदवार निर्विरोध निर्वाचित, रिटर्निंग अफसर देलें प्रमाण पत्र

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]