[the_ad_group id="30365"]

IPL 2025: RCB के खिलाफ प्लेयर ऑफ द मैच बनल किशन के बा एह बात के मलाल; जानीं कमिंस केकरा के बतवलें सीजन के नया खोज

पैट कमिंस आ ईशान किशन - फोटो : ANI
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : सनराइजर्स हैदराबाद के बल्लेबाज ईशान किशन सुक के रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के खिलाफ धमाकेदार पारी खेललें। उनका के एकरा खातिर प्लेयर ऑफ द मैचो चुनल गइल। हालांकि, ऊ एह आईपीएल सत्र में अपना प्रदर्शन से खुस नइखन। ऊ फैंस से आगे कड़ा मेहनत के वादा कइले बाड़ें। किशन के नाबाद 94 रन के पारी पहिलही प्लेऑफ के रेस से बाहर हो चुकल सनराइजर्स के रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु पs 42 रन के बड़ जीत दिलवले।

ईशान किशन - फोटो : IPL/BCCI



किशन मैच के बाद पुरस्कार समारोह में कहलें, ‘कुल मिलाके प्रदर्शन से बहुत खुस नइखी। हम एह सत्र में आउर बेहतर कs सकत रहनी। ई सीखे के खेल हs। रउआ कड़ा मेहनत करत रहे के होई।’ ई खब्बू बल्लेबाज 48 गेना के नाबाद पारी में सात चौका आ पांच छक्का लगवलें। ऊ प्लेयर ऑफ द मैच के पुरस्कार लेला के बाद कहलें कि उनका लखनऊ के पिच के प्रकृति के अंदाजा तब भइल जब सलामी बल्लेबाज अभिषेक शर्मा आ ट्रेविस हेड खाली चार ओवर में 54 रन जोड़ दिहल लोग।

ईशान किशन - फोटो : IPL/BCCI
ईशान किशन – फोटो : IPL/BCCI



ऊ कहलें, ‘गेना के देखनी आ आपन खेल खेलल महत्वपूर्ण बा। जवना घरी हमरा अभिषेक आ ट्रैविस हेड के एह तरे से खेल के सुरुआत करत देखनी, हमरा पता चल गइल कि ई बहुते अच्छा पिच बा। हम खाली अच्छा शॉट खेले के बारे में सोचत रहनी। योजना बहुत सरल रहे।’ एसआरएच छव विकेट पs 231 रन बनवला के बाद आरसीबी के पारी के 19.5 ओवर में 189 रन पs समेट देलस। एह हार से आरसीबी खातिर तालिका में शीर्ष दु में जगह बनावे के राह कठिन हो गइल बा।

ईशान मलिंगा - फोटो : Eshan Malinga Instagram
ईशान मलिंगा – फोटो : Eshan Malinga Instagram



ओहिजा, सनराइजर्स के कप्तान पैट कमिंस कहलें, ‘एह सीजन में वापसी करत तनिका देर हो गइल, बाकिर हमनी के बल्ला आ गेना दुनो से अच्छा ऑलराउंड प्रयास कइलें। अब जब नीतीश वापस गेंदबाजी कs रहल बाड़ें, तs अइसन लागत बा कि हमनी के लगे एगो छठा गेंदबाज बा। अभिषेक हमेसा हमरा से कहत रहेलें कि ऊ एगो अच्छा विकल्प बाड़ें आ हमनी के उनकर उपयोग करे के चाहीं। हमनी के विकेट के गलत समझले रहनी सs। हमनी के सोचले रहनी सs के कि ई 170 रन के विकेट हो सकत बा आ फेर जब कुछ बल्लेबाज आउट होके वापस आइल लोग तs ऊ कहलें कि ई वास्तव में एगाे अच्छा विकेट बा आ हमनी के ढ़ेर रन बनावे के होई। ईशान मलिंगा हमनी खातिर सानदार रहल बाड़ें। रउआ उनका के जहां गेंदबाजी करे के कहेनी सs, ऊ उहां विकेट लेले बाड़ें। उनका लगे बहुत सारा हथियार बा – तेज यॉर्कर आ सानदार डिपिंग स्लोअर बॉल। एह सीजन में ऊ एगो खोज रहल बाड़ें।’

Read Also: दिल्ली-श्रीनगर उड़ान: टर्बुलेंस से बांचे के खातिर पायलट लाहौर ATC से मंगले रहस इजाजत, पाकिस्तान कइलस इनकार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]