[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-श्रीनगर उड़ान: टर्बुलेंस से बांचे के खातिर पायलट लाहौर ATC से मंगले रहस इजाजत, पाकिस्तान कइलस इनकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल डेस्क: दिल्ली से श्रीनगर जाये वाला इंडिगो के फ्लाइट संख्या 6E 2142 बुध के अचानक आइल ओलावृष्टि आ टर्बुलेंस के चपेट में आ गइल रहे। एह दौरान विमान के पायलट टर्बुलेंस से बांचे खातिर लाहौर एयर ट्रैफिक कंट्रोल (एटीसी) से कुछ समय खातिर पाकिस्तानी हवाई क्षेत्र के उपयोग के अनुमति मंगलस, बाकिर एकरा के अस्वीकार कs दिहल गइल।

पाकिस्तान ना देले रहे विमान के अनुमति

ई घटना तब भइल जब विमान अमृतसर के ऊपर उड़ान भरत रहे। पायलट के टर्बुलेंस के अंदेसा भइल आ ऊ लाहौर एटीसी से अनुरोध कइलस कि ओकरा के मार्ग बदलके पाकिस्तानी हवाई क्षेत्र से होके गुजरे दिहल जाव। बाकिर पाकिस्तानी एटीसी एह अनुरोध के ठुकरा देलस, जवना से विमान के अपना मूल मार्ग पs उड़ान जारी रखे के पड़ल, आ एही दौरान ऊ गंभीर टर्बुलेंस के शिकार भइल।

विमान के मरम्मत कइल जा रहल बा: इंडिगो

इंडिगो कहलस कि दिल्ली से श्रीनगर जा रहल फ्लाइट 6E 2142 रास्ता में अचानक ओलावृष्टि के चपेट में आ गइल। फ्लाइट आ केबिन क्रू निर्धारित प्रोटोकॉल के पालन कइलस आ विमान के सुरक्षित रूप से श्रीनगर में उतारल गइल। यात्रियन के भलाई आ सुविधा के प्राथमिकता दिहल गइल। विमान के निरीक्षण आ आवश्यक मरम्मत के बादे ओकरा के फेर से उड़ान खातिर वापस ले आवल जाई।

हमरा लागल कि जिनगी खतम हो जाई

टर्बुलेंस के दौरान यात्री बहुते दहशत में नजर आइल लोग। टीएमसी सांसद सागरिका घोष कहली कि ई मौत के करीब के अनुभव रहे। हमरा लागल हमार जिनगी खतम हो जाई। लोग चिल्लात रहे, प्रार्थना करत रहे आ घबरा गइल रहे। जब विमान सुरक्षित उतरल, तs ओकरा आगे के हिस्सा बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल रहे। हमनी के सब केहू पायलट के धन्यवाद दिहनी सs, जे हमनी के सुरक्षित पहुंचावल।

खराब मौसम के चलते विमान क्षतिग्रस्त

गौर करे वाला बात बा कि नई दिल्ली से श्रीनगर जा रहल इंडिगो के एगो उड़ान में बुध के ओह घरी हड़कंप मच गइल, जब खराब मौसम के कारण उड़ान बीच हवा में हिचकोला खाये लागल। हालांकि, पायलट सूझबूझ से इस्थिति के नियंत्रित कइलें आ श्रीनगर हवाई अड्डा पs सुरक्षित आपात लैंडिंग कइलस। एह उड़ान में 220 से जादे यात्री सवार रहे लोग।

ममिला में भारतीय हवाई अड्डा प्राधिकरण के एगो अधिकारी बतवलें कि इंडिगो के उड़ान संख्या 6ई2142 के ओलावृष्टि के कारण टर्बुलेंस के सामना करे के पड़ल। टर्बुलेंस के मतलब हलचल से बा। एह इस्थिति में उड़ान हिचकोला खाये लागेला आ अइसन में कइयन बेर उड़ान अपना ऊंचाई से कुछ फीट नीचे आ जाला।

इंडिगो जारी कइलस बयान

ममिला में इंडिगो एयरलाइंस एगो बयान में कहलस कि फ्लाइट रास्ता में अचानक ओलावृष्टि के सामना कइलस आ सब प्रोटोकॉल के पालन करत विमान के सुरक्षित उतारल गइल। सब यात्रियन के भलाई आ आराम के विशेष ध्यान रखल गइल। विमान के फिलहाल ‘एयरक्राफ्ट ऑन ग्राउंड’ (एओजी) घोषित कइल गइल बा, माने तकनीकी जांच आ मरम्मत तक ओकरा के उड़ान खातिर उपयोग में ना ले आवल जाई।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]