[the_ad_group id="30365"]

आज LSG अउर CSK के भिड़ान : पहिला बेर लड़ी लखनऊ अउर चेन्नई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चेन्नई सुपर किंग्स ब्रेबोर्न स्टेडियम में IPL-15 के आपन दूसरा लीग मैच में आज लखनऊ सुपर जायंट्स से भिड़ी। ई टीम आपन शुरुआती मैच हार के आ रहल बा। अएहन में दूनों जीत के पटरी पर लौटल चहियें।

टॉस जीतs, मैच जीतs
IPL के एह सीजन में टॉस बड़ी अहम भूमिका निभा रहल बा। हर टीम टॉस जितले पर फील्डिंग कइल पसंद कर रहल बिया। चेन्नई अउर लखनऊ दूनहू टीम वानखेड़े स्टेडियम में पहिले बल्लेबाजी कइलस अउर मुकाबला गंवा बइठल। ब्रेबोर्न स्टेडियम में हालात कौनो बहुत अलग नाइ होई। इहां भी टॉस जीते वाली टीम पहिले गेंदबाजी कइल पसंद करी, काहेंसेकी दूसरकी पारी के दौरान ओस काफी प्रभाव डाल सकत बा।

टॉप ऑर्डर के नाकामी से उबरे के होई
रवींद्र जडेजा के अगुवाई वाली CSK अउर केएल राहुल के LSG के अपने शुरुआती मुकाबला में शीर्ष क्रम के बल्लेबाज लोग बहुते निराश कइल। पावरप्ले में जब ताबड़तोड़ शुरुआत के जरुरत रहल, दूनों टीम नियमित अंतराल पर विकेट गंवावल। परिणाम ई भइल कि पहिले बल्लेबाजी क के  स्कोरबोर्ड पर बड़ स्कोर नाइ लाग पावल । कोलकाता नाइट राइडर्स के खिलाफ पिछले मैच में ऑलराउंडर ड्वेन ब्रावो तीन विकेट जरूर लेहने, लेकिन दूसर गेंदबाज निम्मन गेंदबाजी नाइ कs पवने लोग। चेन्नई के गेंदबाजन के एगो इकाई के तौर पर प्रदर्शन कइले के जरूरत बा।

CSK के ऋतुराज गायकवाड अउर डेवोन कॉनवे की शुरुआती नाकामी के बाद अनुभवी रॉबिन उथप्पा ओनके मिलल निम्मन शुरुआत के बड़ पारी में बदल नाइ पवने। कप्तान रवींद्र जडेजा बल्ला से ओइसन परफॉर्मेंस नाइ क पवने , जौन हाल-फिलहाल ऊ टीम इंडिया खातिर देहले बाने। लखनऊ के खिलाफ, CSK के ऊपरी क्रम के बल्लेबाज बेहतर प्रदर्शन कइल चहियें। प्लेइंग – 11 में चयन खातिर मोईन अली के मौजूदगी मौजूदा चैंपियन चेन्नई खातिर बड़ी राहत होई। चेन्नई के आपन नयका कप्तान जडेजा से बेहतर गेंदबाजी के संगही निम्मन कप्तानी के उम्मीद रही। ब्रावो के IPL के सबसे सफल गेंदबाज बने खातिर बस 1 विकेट के दरकार बा।

लखनऊ के सब खिलाड़ियन के निभावे के होई आपन भूमिका
IPL-15 में कागज पर सबसे बैलेंस्ड टीम में से एक मान जा रहल लखनऊ सुपर जायंट्स डेब्यू मुकाबला में कुछ खास नाइ कर पवलस। राहुल के बेहतर कप्तानी कइले के जरूरत बा काहेंसेकी टीम इंडिया के फ्यूचर कैप्टन के खातिर IPL में उनकर कप्तानी परखल जा रहल बा। मनीष पांडे अउर इविन लुईस के जल्दी आउट होखले के बाद मिडिल ऑर्डर में दीपक हूडा, आयुष बदूनी अउर क्रुणाल पंड्या निम्मन खेल देखवले रहने। एह बेर बाकी बल्लेबाजन के भी जिम्मेदारी समझे के होई। लखनऊ के गेंदबाजन के हालांकि बदलाव करे के होई, जेकर गुजरात टाइटन्स के बल्लेबाज सब जम के धुनाई कइले रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]