एयरपोर्ट के डिसप्ले स्क्रीन पs चले लागल अश्लील फिलिम, लोग रह गइल हैरान, लोग लागल बच्चन के ढंके आंख

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2022

International News: घटना पs एयरपोर्ट अथॉरिटी कहलस कि इलेक्ट्रॉनिक डिस्प्ले स्क्रीन के संचालन एगो दोसर कंपनी कावर से कइल जाला आ हैक के सूचना पुलिस के दे दिहल गइल बा। ब्राजील के राजधानी रिओ डी

Share

International News: घटना पs एयरपोर्ट अथॉरिटी कहलस कि इलेक्ट्रॉनिक डिस्प्ले स्क्रीन के संचालन एगो दोसर कंपनी कावर से कइल जाला आ हैक के सूचना पुलिस के दे दिहल गइल बा।

ब्राजील के राजधानी रिओ डी जनेरो में सक के सांतोस डुमोंट एयरपोर्ट पs मवजूद सब लोग तब चौक गइल जब अचके एयरपोर्ट पs विमानन के अवगामन के सूचना देवे आला सब डिस्प्ले स्क्रीन पs अश्लील फिलिम चले लागल। जेकरा बाद उहां मवजूद लोग एकर फोटो आ वीडियो बना लिहल आ सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहल। शुरूआती जांच में बतावल जा रहल बा कि हैकर एयरपोर्ट के डिस्प्ले स्क्रीन के हैक कs एह घटना के अंजाम देले सs।

समूचा घटना पs एयरपोर्ट अथॉरिटी इंफ्राएरो कहलस कि “रियो डी जनेरो में एगो हवाईअड्डा के इलेक्ट्रॉनिक ‘डिस्प्ले स्क्रीन’ हैक कइल गइला के पुलिस से शिकायत कइल गइल बा। एह पs दिखावल जाये आला सूचना सेवा के जिम्मेदारी एगो दोसर कंपनी के बा, जेकरा के ई जानकारी दे दिहल गइल बा।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.