पीडीएस दुकानन पs आयुष्मान कार्ड बनावे के निरदेस : छपरा में काम में तेजी के लेके जागरूकता अभियान, DM प्रचार वाहन के कइलें रवाना

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

छपरा। आयुष्मान कार्ड बनावे खातिर 18 जुलाई से 31 जुलाई तक विशेष अभियान चलावल जा रहल बा। एकरा तहत 24 जुलाई तक सारण जिला में लगभग 32 हजार नया लाभुकन के कार्ड बनावल गइल बा।

Share

छपरा। आयुष्मान कार्ड बनावे खातिर 18 जुलाई से 31 जुलाई तक विशेष अभियान चलावल जा रहल बा। एकरा तहत 24 जुलाई तक सारण जिला में लगभग 32 हजार नया लाभुकन के कार्ड बनावल गइल बा। नया कार्ड बनावे के संख्या के आधार पs 24 जुलाई के सारण जिला राज्य में चउथा स्थान पs रहल बा। एकरा के लेके जिलाधिकारी के ओर से स्पेशल ड्राइव चलावे के निरदेस दिहल गइल बा।

समय-समय पs मॉनिटरिंग कइल जा रहल बा। सारण जिला में लगभग 15 हजार के आसपास आयुष्मान कार्ड बनल बा। कार्य में तेजी के लेके लगातार जागरूकता अभियान चलावल जा रहल बा।

पीडीएस दुकान पs जाके कार्ड बनवावे खातिर जागरूक करे के आदेस 

सब पात्र लोगन के पीडीएस दोकान पs जाके कार्ड बनवावे खातिर जागरूक आ प्रेरित करे खातिर जिलाधिकारी अमन समीर सब गांव, पंचायत आ शहरन में माइकिंग करावे के कहले बाड़ें। एही उद्देश्य से सब प्रखंडन में द-दुगो प्रचार वाहन 31 जुलाई तक लगातार भ्रमणशील रहके माइकिंग के माध्यम से लोगन के जानकारी दी आ पीडीएस दुकानन पs जाके आपन-आपन अपना आयुष्मान कार्ड बनावे खातिर जागरुक करी लो।

जिलाधिकारी अमन समीर समाहरणालय परिसर से प्रचार वाहनन के हरियर झंडी दिखाके रवाना कइलें। एह अवसर पs सिविल सर्जन सहित आउर पदाधिकारी मवजूद रहे लो। सब पीडीएस दुकानन के संगे सीएससी के वीएलई (विलेज लेवल एंटरप्रेन्योर) के टैगिंग कइल गइल बा।

समीक्षा में ज्ञात भइल कि वीएलई पीडीएस दुकानन पs निरंतर मवजूद ना रहेला लो। पीडीएस दुकानन के संगे वीएलई के संगे-संगे आवास सहायक, पंचायत रोजगार सेवक, कृषि समन्वयक के आलावे आईसीडीएस, आपूर्त्ति, स्वास्थ्य, सहकारिता आदि के स्थानीय कंप्यूटर ऑपरेटर के टैग करे के निर्णय लिहल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.