Instagram पोस्ट पs कमेंट कइल आ रील बनावल भइल आउर मजेदार, अब GIF के कइल जा सकी इस्तेमाल

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2023

मेटा के पॉपुलर प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम के इस्तेमाल फोटो आ वीडियो शेयर करे खातिर करत बानी तs रउआ खातिर नया अपडेट के जानकारी लेके आइल बानी सs। दरअसल इंस्टाग्राम अपना यूजर्स खातिर ऐप एक्सपीरियंस के बेहतर

Share

मेटा के पॉपुलर प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम के इस्तेमाल फोटो आ वीडियो शेयर करे खातिर करत बानी तs रउआ खातिर नया अपडेट के जानकारी लेके आइल बानी सs। दरअसल इंस्टाग्राम अपना यूजर्स खातिर ऐप एक्सपीरियंस के बेहतर बनावत एगो नया फीचर जोड़ले बा। ई नया फीचर जीआईएफ से जुड़ल बा।

पोस्ट पs कमेंट कइल आ रील बनावल भइल मजेदार

कंपनी अपना यूजर्स खातिर पोस्ट पs कमेंट करे आ रील्स बनावे में जीआईएफ सुविधा जोड़ले बिया। माने अब यूजर कवनो पोस्ट पs कमेंट करे खातिर जीआईएफ के इस्तेमाल कs सकत बा लो। एही के संगे रील्स बनावत घरी अब जीआईएफ के इस्तेमाल कs सकी लो।

भारतीय यूजर्स कब कs सकी लो एह नया फीचर के इस्तेमाल

मालूम होखे कि मेटा के पॉपुलर फोटोज आ वीडियो शेयरिंग ऐप अभी तक पोस्ट पs कमेंट करे खातिर टेक्स्ट आ इमोजी के सुविधा देत रहे।

हालांकि, कंपनी जीआईएफ के सुविधा कुछ यूजर्स खातिर पहिलही रोलआउट कs देले रहे, बाकिर अब एह फीचर के ग्लोबली रोलआउट कइल गइल बा। बता दीं फीचर अभी रोल आउट हो रहल बा, अइसन में भारतीय यूजर्स आवे वाला दिनन में नया फीचर के इस्तेमाल कs सकी लो।

कइसे कs सकी लो नया फीचर इस्तेमाल

नया फीचर के इस्तेमाल कइल आसान होई। कवनो पोस्ट पs कमेंट करे खातिर यूजर कमेंट सेक्शन के ओपन कs सकत बा लो। इहां कवनो पोस्ट पs कमेंट करत घरी जीआईएफ बटन पs टैप कs के जीआईएफ के पिक कइल जा सकी। ई बटन टेक्स्ट बॉक्स में राइट साइड पs लोकेट होई।

बायो में जोड़ सकत बानी अब पांच लिंक

मालूम होखे कि इंस्टाग्राम अपना यूजर्स खातिर बीतल महीना प्रोफाइल बायो में पांच लिंक जोड़े के सुविधा रोलआउट कइले रहे।

दरअसल यूजर्स लमहर समय से एह तरे के फीचर के डिमांड करत रहे लो। ओहिजा यूजर्स के बढ़त डिमांड के देखते इंस्टाग्राम यूजर्स के ई सुविधा दे देले रहे। एह फीचर के मदद से यूजर्स अपना प्रोफाइल बायो में खुद के बारे में पहिले से जादे जानकारी दे सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.