Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Instagram Fake Followers: इंस्टाग्राम पs 3 में से 2 गो भारतीयन के बाड़े फर्जी फॉलोअर्स

429

 

भारत के इन्फ्लुएंसर मार्केटिंग इंडस्ट्री के फर्जी फॉलोअर धोखाधड़ी के चलते भारी रकम के नुकसान होखेला, जवना के चलते पहुंच बढ़ावे अवुरी ब्रांड के ध्यान अपना ओर आकर्षित में बहुत वैध रचनाकान के असर पड़ेला।

इन्फ्लुएंसर मार्केटिंग प्लेटफॉर्म क्लुगक्लग के एगो विश्लेषण में पाता चलल कि भारत में लगभग तीन में से दु (58.5 प्रतिशत) इंस्टाग्राम प्रोफाइल पs 60 प्रतिशत से जादे नकली आ फर्जी फॉलोअर्स बाड़े।

अगर रउरा केहू के इंस्टाग्राम पs बहुत संख्या में फॉलोअर्स देखला के बाद फॉलो कs रहल बानी तss सावधान रहीं। इन्फ्लुएंसर मार्केटिंग प्लेटफॉर्म क्लुगक्लग अपना रिपोर्ट में खुलासा कईले बा कि भारत में तीन में से लगभग दु यानी 58.5 प्रतिशत इंस्टाग्राम प्रोफाइल के 60 प्रतिशत से जादा फॉलोअर्स नकली बाड़े। इs लोग आपन पहुंच बढ़ावे अवुरी ब्रांड के ध्यान अपना ओर खींचे खातीर अयीसन करेले। ध्यान देवे वाला बात बा कि भारत के इन्फ्लुएंसर मार्केटिंग इंडस्ट्री के कीमत करीब 1800 करोड़ रुपिया बा। रिपोर्ट के मुताबिक फर्जी फॉलोअर्स बढ़े के ट्रेंड सबसे जादा ब्यूटी अवुरी फैशन इंडस्ट्री में देखाई देता। एकरे कारण बड़ ब्रांड सभ एह मशहूर इन्फ्लुएंसर लोग से जुड़ल हो जालें आ इनहन के अपना ब्रांड अभियान के हिस्सा बनावे लें। लेकिन प्रभावशाली लोग के फर्जी फॉलोअर्स के चलते ब्रांड के भारी आर्थिक नुकसान के सामना करे के पड़ेला। रिपोर्ट के मुताबिक अस्सी लाख ऑडिट प्रोफाइल में से मात्र 20.48 लाख प्रोफाइल के भरोसेमंद फॉलोअर्स पावल गईल।

क्लगक्लुग के सह-संस्थापक कल्याण कुमार कहले कि भारत फर्जी फॉलोअर्स के सबसे बड़ आपूर्तिकर्ता अवुरी खरीददार बा। ई खेल ब्राजील आ इंडोनेशिया में भी चल रहल बा। रूस आ तुर्किए से भी फर्जी फॉलोअर्स दिहल जाला। एकरा खातिर एआई आ अउरी तरीका के इस्तेमाल कइल जाला। एकरा संगे यूएई के 40 से 50 प्रतिशत शीर्ष प्रभावशाली लोग के भी फर्जी फॉलोअर्स बा। इंडोनेशिया में 19 प्रतिशत इंस्टाग्राम फॉलोअर्स के शक बा।

फॉलोअर्स के 8 से 10 रुपिया में बेचल जा रहल बा

रिपोर्ट के मुताबिक एक हजार फर्जी फॉलोअर्स खरीदे खातीर मात्र 8 से 10 रुपिया खर्च करे के पड़ सकता। इंस्टाग्राम पs हर एक हजार फॉलोअर्स पs 50 रुपिया ले के शुल्क लिहल जा सकता।भारत में भी प्रभावशाली लोग फर्जी फॉलोअर्स खरीद रहल बा।

 

 

 

801990cookie-checkInstagram Fake Followers: इंस्टाग्राम पs 3 में से 2 गो भारतीयन के बाड़े फर्जी फॉलोअर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.