हमरे मउत के जिम्मेदार पति आ ओकर गर्लफ्रेंड…’, हाथे पs 6 लाइन के सुसाइड नोट लिख फंदा पs झूल ग‌इल महिला

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 18, 2024

  मध्य प्रदेश के इंदौर में खुदकुशी के एगो हैरान करे वाला मामिला सामने आ‌इल बा। इहां एगो महिला अपने पति के अफेयर से तंग आ के फांसी लगा लेहली । सुसाइड क‌इले से पहिले

Share

 

मध्य प्रदेश के इंदौर में खुदकुशी के एगो हैरान करे वाला मामिला सामने आ‌इल बा। इहां एगो महिला अपने पति के अफेयर से तंग आ के फांसी लगा लेहली । सुसाइड क‌इले से पहिले अपने साथे होत रहल प्रताड़ना के पूरा कहानी खुद बतवली । महिला अपने दुनों हाथे में मराठी में सुसाइड नोट लिखली, जेमें पति आ ओकरे प्रेमीका पs प्रताड़ना के आरोप लगवले बाड़ी। पुलिस पति आ ओकरे प्रेमिका के गिरफ्तार क‌s लिहले बा ।

जानीं पूरा मामिला

पूरा घटना तेजाजी नगर थाना क्षेत्र के सिल्वर स्प्रिंग इलाका के हs। इहवां रहे वाली 40 वर्षीय कविता अपने पति पंकज पाटिल के बेवफाई से परेशान हो के जान दे दीहली। कविता के शव सोमार दुपहरिया में घर के फंदा पs लटकल मिलल। कविता सुसाइड से पहिले उल्टे हाथे पs पंकज आ ओकरे महिला मित्र नम्रता के नाम लिखले रहली आ अपने मउत के जिम्मेदार ओही लोगन के ठहर‌वले बाड़ी।

दरअसल, पति अपने पत्नी के बचपन के सहेली से प्यार करे लागल। जब पत्नी के पति के एs अफेयर के बारे में पता चलल तs दुनों के बीचे अक्सर विवाद होखे लागल‍।

शरीर पs लिखलs प्रताड़ना के कहानी

कविता के दु बेटियां बाड़ी। एक बेटी इंदौर आ दूसरकी पुणे में पढ़त बाड़ी। मउत के गले लग‌वले से पहिले उs अपने शरीर पs मराठी में सुसाइड नोट लिखले। मृतका दुनों हाथे पs मउत के जिम्मेदार के नाम लिखल रहे। हाथे में लिखल सुसाइड नोट में कविता लिखली की नम्रता के वजह से पति पंकज पाटिल बेरहमी से पिटाई करत रहे। हर छोट-छोट बातें पs विवाद होत रहे।

बतावल जात रहे कि 2 साल से पंकज के बीचे अफेयर चलतs रहे। एतनो ही नाहीं मृतका के परिजन ससुरालs पs गंभीर आरोप लगवले। पुलिस एs मामिला में आरोपी महिला नम्रता आ पति पंकज के गिरफ्तार क‌s लिहलs। फिलहाल पुलिस मामिला के जांच करत बिया।

न्यूट्रिशन डाइटिशियन के काम करेली नम्रता

अतिरिक्त पुलिस उपायुक्त राजेश दंडोतिया बतवने कि महिला अपने पति आ ओकरे प्रेमिका के कथित प्रताड़ना के दास्तान अपने हाथे पs मराठी भाषा में लिख के खुदकुशी के कदम उठवली। जेके पुलिस ‘सुसाइड नोट’ मान के दुनों आरोपियन के गिरफ्तार क‌ईलस। उs बतवले कि एs ‘सुसाइड नोट’ के आधार पs कविता के पति आ ओकरे प्रेमिका के खिलाफ भारतीय दंड विधान के धारा 306 (आत्महत्या के खातिर उकसावल) के तहत मामिला दर्ज क‌इल ग‌इल। अतिरिक्त पुलिस उपायुक्त बतवले कि दुनों आरोपियन के गिरफ्तार क‌इल ग‌इलs बा आ विवाहिता के मउत के मामिला के विस्तृत जांच क‌इल जात बा। नम्रता न्यूट्रिशन डाइटिशियन के काम करत रहली आ पति पंकज पाटिल पीथमपुर के फैक्ट्री में निजी कार्य करत रहले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.