[the_ad_group id="30365"]

बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी, लॉरेंस बिश्नोई के नाव से आइल फोन

बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार सरकार के श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह के जान से मारे के धमकी मिले के मामला सोझा आईल बा।  संतोष कुमार सिंह मंगल का दिने दावा कइलन कि अपना के गुंडा लॉरेंस बिश्नोई बतावे वाला आदमी उनुका के जान से मारे के धमकी दिहले रहुवे.  श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह भी मंगल के एs मामला में पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बाड़े।  पुलिस एs समूचा मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।

30 लाख रुपया मंगले

श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह धमकी देवे वाला फोन के बारे में पूरा जानकारी देले बाड़े।  उs बतवले- “मंगल के हमरा मोबाइल पs फोन आईल। फोन करेवाला अपना के लॉरेंस बिश्नोई बतवलस। उs 30 लाख रुपया मंगले।”  संतोष कुमार सिंह बतवले कि फोन करेवाला पईसा भेजे के तरीका भी बतवले रहे.

बाबा सिद्दीकी जइसन मारे के धमकी
मंत्री संतोष कुमार सिंह बतवले कि फोन करेवाला उनुका के एक बेर फेर फोन कs के बाबा सिद्दीकी हत्याकांड के याद दिला देलस। कहलस कि पइसा ना देब तs ओही तरह से मंत्री के हत्या कs देब.  बता दीं कि महाराष्ट्र में राकांपा नेता आ सेलिब्रिटी बाबा सिद्दीकी के अक्टूबर 2024 में गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे.  बिश्नोई गिरोह पs एकर आरोप लगावल गइल बा.

पुलिस का कहलस?

मंत्री संतोष कुमार सिंह धमकी देवे वाला फोन मिलला के तुरंत बाद डीजीपी के सूचना देले। मंत्री कहले कि ना तs उनुका खिलाफ कवनो आपराधिक मामला दर्ज बा, ना उनुका केहु से कवनो राजनीतिक दुश्मनी बा।  संगही पुलिस के कहनाम बा कि एs घटना के लेके मामला दर्ज हो गईल बा।  पुलिस जांच खातीर विशेष जांच दल (एसआईटी) के गठन कईले बिया।


इहो पढ़ीं: दक्षिण कोरिया में हड़कंप, राष्ट्रपति यून सुक येओल गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]