[the_ad_group id="30365"]

IndiGo Flight Emergency Landing : लखनऊ में इंडिगो फ्लाइट के मेडिकल इमरजेंसी लैंडिंग, यात्री अस्पताल में भरती

Jet fuel price hike in India may lead to higher flight ticket fares for domestic air travelers
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। बैंकॉक से दिल्ली जात इंडिगो एयरलाइंस के एगो फ्लाइट में सनिचर के देर रात अचानक हड़कंप मच गइल। उड़ान में सवार एगो यात्री के तबीयत अचानक बहुते खराब हो गइल। यात्री के हालत देखत पायलट लखनऊ एयरपोर्ट पs विमान के मेडिकल इमरजेंसी लैंडिंग करावे के फैसला कइलस।

एयरपोर्ट सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक, इंडिगो के फ्लाइट नंबर 6E-1054 बैंकॉक से रात करीब 8:15 बजे उड़ान भरले रहे। विमान के रात 11:10 बजे दिल्ली पहुंचे के रहे। रास्ता में एगो यात्री के तबीयत बिगड़ गइल। एकरा बाद क्रू मेंबर्स तुरंत पायलट के जानकारी दिहल।

यात्री के हालत के गंभीरता के देखत पायलट लखनऊ एयर ट्रैफिक कंट्रोल (ATC) से संपर्क कइलस आ मेडिकल इमरजेंसी लैंडिंग के अनुमति मंगलस।

रात 10:55 बजे लखनऊ में उतरल विमान

अनुमति मिलतही विमान के रात करीब 10:55 बजे लखनऊ एयरपोर्ट पs सुरक्षित उतारल गइल। अचानक विमान के लैंडिंग होखला से कुछ देर खातिर यात्रियन के बीच अफरा-तफरी के माहौल बन गइल।

विमान के लैंड करतहीं एयरपोर्ट पs पहिले से तइयार मेडिकल टीम यात्री के एंबुलेंस से तत्काल गोमती नगर इस्थित एगो निजी अस्पताल ले गइल, जहां ओकरा के भरती करा दिहल गइल।

करीब एक घंटा एयरपोर्ट पs रहल विमान

मेडिकल इमरजेंसी के चलते विमान करीब एक घंटा तक लखनऊ एयरपोर्ट पs खड़ा रहल। एह दौरान बाकी यात्री विमान के भीतरे बइठल रहे लो। जरूरी प्रक्रिया पूरा भइला के बाद विमान रात करीब 12:05 बजे दिल्ली खातिर रवाना हो गइल।

एह घटना के चलते उड़ान में कुछ देर के देरी जरूर भइल, बाकिर यात्री के समय रहते अस्पताल पहुंचा दिहला से मेडिकल मदद मिल गइल।

Read Also:  UP Encounter : ATS ढेर कइलस 30 लाख के मोस्ट वांटेड इनामी नक्सली कमांडर, DSP-सिपाही बाल-बाल बचल लो

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]