[the_ad_group id="30365"]

AIIMS NORCET 11 : एम्स नॉर्सेट 11 खातिर आज से सुरू भइल, जानीं आवेदन, योग्यता, उमिर सीमा, फीस आ परीक्षा के तारीख 

AIIMS NORCET 11 Registration 2026 Begins for Nursing Officer Recruitment
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। एम्स नॉर्सेट 11 भरती खातिर इंतजार करत अभ्यर्थियन खातिर खुसखबरी बा। अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (AIIMS) नर्सिंग ऑफिसर भरती परीक्षा NORCET-11 के आधिकारिक नोटिफिकेशन जारी कs देले बा। इच्छुक उम्मीदवार 24 जुलाई 2026 से ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। आवेदन प्रक्रिया एम्स के आधिकारिक वेबसाइट के माध्यम से पूरा कइल जाई। एह भरती परीक्षा के माध्यम से देसभर के अलग-अलग एम्स संस्थानन में नर्सिंग ऑफिसर के पद भरल जाई।

एम्स नॉर्सेट 11 आवेदन कब से सुरू?

एम्स नॉर्सेट 11 भरती खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया 24 जुलाई 2026 से सुरू हो गइल बा। पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके निर्धारित समय सीमा के भीतर आवेदन जमा कs सकत बा लो।

कवन उम्मीदवार आवेदन कs सकेला?

एम्स नॉर्सेट-11 परीक्षा में सामिल होखे खातिर उम्मीदवार के लगे ई सब योग्यता होखे के चाहीं-

  • मान्यता प्राप्त संस्थान से B.Sc. (Hons.) Nursing के डिग्री।
  • भा B.Sc. Nursing / Post Basic B.Sc. Nursing के डिग्री।
  • उम्मीदवार के State Nursing Council भा Indian Nursing Council में Nurse/Midwife के रूप में रजिस्ट्रेशन होखल जरूरी बा।

उमिर सीमा

एम्स नॉर्सेट 11 भर्ती खातिर-

  • न्यूनतम उमिर: 18 साल
  • अधिकतम उमिर: 30 साल
  • आरक्षित वर्ग (SC/ST/OBC आ आउर पात्र श्रेणी) के उम्मीदवारन के सरकारी नियम के अनुसार उमिर सीमा में छूट दिहल जाई।

रजिस्ट्रेशन फीस

  • General / OBC: ₹3,000
  • SC / ST: ₹2,400
  • PwBD (दिव्यांग): नियमानुसार फीस में छूट
  • उम्मीदवार ऑनलाइन माध्यम से आवेदन शुल्क जमा कs सकत बा लो।

केतना मिली वेतन?

एम्स नॉर्सेट -11 के माध्यम से चयनित नर्सिंग ऑफिसर के हर महीना लगभग ₹34,800 के सुरुआती मूल वेतन दिहल जाई। एकरा अलावे सरकारी नियमन के मोताबिक आउर भत्ता आ सुविधा मिल सकेला।

परीक्षा कब होई?

एम्स के आधिकारिक अधिसूचना के मोताबिक-

  • स्टेज-1 परीक्षा: 12 सितंबर 2026
  • स्टेज-2 परीक्षा: 30 सितंबर 2026

पहिला चरण में सफल उम्मीदवारन के दूसरका चरण के परीक्षा में सामिल होखे के मवका मिली।

कइसे करीं आवेदन?

उम्मीदवार एम्स के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके NORCET-11 भरती फॉर्म भर सकत बा लो। आवेदन से पहिले नोटिफिकेशन धेयान से पढ़ लीं, ताकि योग्यता, दस्तावेज आ आउर शर्तन के जानकारी सही तरीका से मिल सके।

अभ्यर्थियन खातिर जरूरी सलाह

एम्स नॉर्सेट-11 देस के सबसे प्रतिष्ठित नर्सिंग भरती परीक्षा में से एगो मानल जाला। एकरा से उम्मीदवार समय रहते आवेदन प्रक्रिया पूरा कs लेवे लो आ परीक्षा के तइयारी सुरू कs देवे लो, ताकि बेहतर प्रदर्शन कs के नर्सिंग ऑफिसर के पद हासिल कइल जा सके।

Read Also: Delhi News : सीजेपी विरोध प्रदर्शन से 17 मेट्रो स्टेशन बंद, ऑटो चालक मनमाना किराया वसूल रहल बा लो

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]