India In Sports 2025: नया साल नया उम्मीद, भारत के लगे दुनिया पs छाये के मवका; पाकिस्तान से होई महामुकाबला

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 1, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। साल 2024 देस के क्रिकेट आ शतरंज में बादशाहत कायम करवलस। ओहिजा, खेलन में 2025 उम्मीदन के साल बा। खासतौर पs बेटियन खातिर दुनिया पs छा जाये के मवका बा। क्रिकेट के अलावे

Share

भारतीय क्रिकेट टीम

स्पोर्ट्स डेस्क। साल 2024 देस के क्रिकेट आ शतरंज में बादशाहत कायम करवलस। ओहिजा, खेलन में 2025 उम्मीदन के साल बा। खासतौर पs बेटियन खातिर दुनिया पs छा जाये के मवका बा। क्रिकेट के अलावे बेटियन के लगे जुलाई में होखे वाला फिडे शतरंज विश्वकप आ नवंबर में होखे वाला विश्वकप बॉक्सिंग फाइनल्स में आपन श्रेष्ठता दर्ज करे के मवका बा। भारत में एह साल कइयन अंतरराष्ट्रीय टूर्नामेंटन के आयोजन होखे जा रहल बा। एकर सुरुआत जनवरी महीना से हो जाई।

पीवी सिंधू-लक्ष्य सेन - फोटो : PTI/senlakshya (INSTAGRAM)
पीवी सिंधू-लक्ष्य सेन – फोटो : PTI/senlakshya (INSTAGRAM)

14 से 19 जनवरी तक नई दिल्ली में इंडिया ओपन बैडमिंटन होई। साल के पहिला अंतरराष्ट्रीय बैडमिंटन टूर्नामेंट में लक्ष्य सेन पेरिस ओलंपिक के कड़वा इयादन के इहां जीत के संगे भुलावे के कोसिस करिहें। 13 से 19 जनवरी तक खो-खो विश्वकप होई, जेमे भारत के पुरुष आ महिला टीम खेली।

भारत बनाम पाकिस्तान - फोटो : X
भारत बनाम पाकिस्तान – फोटो : X

पाकिस्तान से हिसाब चुकता करे उतरी भारत

एह साल फरवरी-मार्च में वनडे प्रारूप में चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन होखे के बा। भारत-पाकिस्तान के भिड़ंत 23 फरवरी के होई। भारतीय टीम 23 फरवरी के चैंपियंस ट्रॉफी में दुबई में पाकिस्तान से भिड़ी। एह टूर्नामेंट में सानदार फॉर्म में चल रहल यशस्वी से अच्छा प्रदर्शन के उम्मीद बा। भारत के 2017 में चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में पाकिस्तान से हार के सामना करे के पड़ल रहे आ अब टीम के लगे पिछला हिसाब चुकता करे के मवका रही।

हरमनप्रीत कौर - फोटो : PTI
हरमनप्रीत कौर – फोटो : PTI

भारत में महिला वनडे विश्व कप का आयोजन

कप्तान हरमनप्रीत के महिला क्रिकेट टीम अब तक विश्व चैंपियन नइखे बनल। 15 अगस्त से देस में होखे वाला वनडे विश्वकप में बेटियन के लगे पहिला बेर विश्व चैंपियन बने के मवका बा। इहे ना, बेटियन के लगे अंडर-19 टी-20 विश्वकप में बादशाहत स्थापित करे के मवका होई।

डी गुकेश

कइयन गो टूर्नामेंट के मेजबानी करी भारत

2025 में देस के धरती पs कइयन गो आउर बड़ टूर्नामेंटों होई। एमे 24 से 30 अगस्त तक राष्ट्रमंडल वेटलिफ्टिंग चैंपियनशिप होई। ई चैंपियनशिप राष्ट्रमंडल खेलन के क्वालिफाइंग इवेंट होई, जेमे मीराबाई चानूओ उतरिहें। दिसंबर में हॉकी के जूनियर विश्वकप के मेजबानियो भारत करी। नवंबर महीना में बॉक्सिंग के विश्वकप फाइनल्स नई दिल्ली में होई। विश्व चैंपियन गुकेश जनवरी में टाटा स्टील चेस साल के सुरुआत करी।

Read Also: Gen Z आ Alpha के गइल जमाना, आज से सुरू भइल Gen Beta के दौर…जान लीं रउआ कवना जेनरेशन से बानी…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.